[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: मेंटर इंस्टीट्यूट बनल गुरु श्री गोरक्षनाथ कॉलेज ऑफ नर्सिंग, परीक्षण के बाद कइल गइल घोषित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महायोगी गोरखनाथ विश्वविद्यालय से संबद्ध गुरु श्री गोरक्षनाथ कॉलेज ऑफ नर्सिंग के उत्तर प्रदेश स्टेट मेडिकल फैकल्टी मेंटर इंस्टीट्यूट घोषित कइले बा। मेंटर इंस्टीट्यूट घोषित होखे से गुरु श्री गोरक्षनाथ कॉलेज ऑफ नर्सिंग पूर्वी उत्तर प्रदेश के अन्य नर्सिंग कॉलेज/संस्थानन खातिर पथ प्रदर्शक अउरी परामर्शदाता के भूमिका निबाही।

नर्सिंग क्षेत्र के चिकित्सा अउरी स्वास्थ्य तंत्र के आधारशिला समझल जाला। एह क्षेत्र में गुणवत्ता सुधार खातिर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ लगातार प्रयास कs रहल बानें। नर्सिंग क्षेत्र के गुणवत्ता में सुधार खातिर उत्तर प्रदेश स्टेट मेडिकल फैकल्टी राज्य के 12 नर्सिंग कॉलेज/संस्थान के मेंटर इंस्टीट्यूट के रूप में चुनल गइल बा।

एहमें लखनऊ अउर गोंडा के एकहक कॉलेज के बाद बाकी समूचा उत्तर प्रदेश में मेंटर इंस्टीट्यूट के रूप में एकमात्र गुरु श्री गोरक्षनाथ कॉलेज ऑफ नर्सिंग के चुनल गइल बा। मेंटर के रूप में ओह नर्सिंग कॉलेजन के चुनल गइल बा जौन इंडियन नर्सिंग काउंसिल अउर उत्तर प्रदेश स्टेट मेडिकल फैकल्टी के तय मानक पर खरा उतरेने। स्टेट मेडिकल फैकल्टी से आइल विशेषज्ञ संसाधन, तकनीकी, शैक्षणिक स्टाफ आदि के गहन परीक्षण के बाद कॉलेज ऑफ नर्सिंग के मेंटर इंस्टीट्यूट के रूप में चुनले बाने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]