[the_ad_group id="30365"]

सी0आर0डी0 में ई-पाठ योजना प कार्यशाला के आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर| चन्द्रकान्ति रमावती देवी आर्य महिला पी0जी0 कालेज गोरखपुर में बी0एड0 छात्राध्यापीकन लोगन खातिर ई- पाठ योजना प दु दिवसीय कार्यशाला के आयोजन भइल। एह अवसर प मुख्य वक्ता के रूप में छात्राध्यापिका लोगन के पी०पी०टी के माध्यम से ई- पाठयोजना प विस्तृत जानकारी देत डॉ विजयलक्ष्मी मिश्रा  कहली कि कक्षा में जाये से पहिले तइयारी आवश्यक बा काहेकि शिक्षक के प्रगति में सर्वाधिक बाधक ओकर अपूर्ण तइयारी होला।

ऊ छात्राध्यापिका लोगन के बतवली कि शिक्षण के उद्देशयन के प्राप्त करे खातिर शिक्षक जवना क्रिया के नियोजन करेल, ओहि आलेखन के पाठयोजना के नाम से जानल जाला। वर्तमान समय में बढत तकनीकी प्रयोग के कारण ई पाठयोजना के प्रयोग आ जानकारी आवश्यक बा।

एकरा पहिले कार्यक्रम के सुरुआत दीप प्रज्जवलन आ सरस्वती प्रतिमा प माल्यार्पण से भइल। अतिथि स्वागत बी०एड० विभागाध्यक्ष डॉ० अपर्णा मिश्रा कइली। कार्यक्रम के संचालन बी०एड० विभाग के असि० प्रो० श्री अनन्त पाठक कइलें। आभार ज्ञापन बी०एड० विभाग डॉ० इतेन्द्रधर दूबे कइलें। एह अवसर प बी0एड0 विभाग से डॉ० विकास श्रीवास्तवा, डॉ०ममता तिवारी, सुश्री सुमन लता यादव, श्रीमती ऋचा दुबे, श्रीमती श्वेता सिंह, डॉ० सारिका पाण्डेय आ श्री शैलेन्द्र कुमार उपस्थित रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]