[the_ad_group id="30365"]

वाइस एडमिरल दिनेश त्रिपाठी भारतीय नौसेना के नया चीफ नियुक्त : अभी नेवी स्टाफ के वाइस चीफ हवे ; 30 अप्रिल के संभरिहें पदभार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाइस एडमिरल दिनेश त्रिपाठी के भारतीय नौसेना के नया चीफ नियुक्त कइल गइल बा। केंद्र सरकार बियफे के देर रात एकर घोषणा कइलस। दिनेश त्रिपाठी वर्तमान नौसेना प्रमुख एडमिरल आर हरि कुमार के जगह लिहें। ऊ 30 अप्रिल के रिटायर हो रहल बाड़ें। दिनेश त्रिपाठी एही दिन पदभार संभरिहें।

दिनेश त्रिपाठी अभी नौसेना स्टाफ के वाइस चीफ हवे। ऊ एकरा पहले पश्चिमी नौसेना कमान के फ्लैग ऑफिसर कमांडिंग-इन-चीफ रह चुकल बाड़ें। अपना 39 साल लमहर करियर में ऊ भारतीय नौसेना के कइयन गो अहम असाइनमेंट्स पs काम कइले बाड़ें।

कम्युनिकेशन आ इलेक्ट्रॉनिक वारफेयर स्पेशलिस्ट हवे नया नेवी चीफ

वाइस एडमिरल दिनेश एक जुलाई 1985 के भारतीय नौसेना में कमीशंड भइल रहस। ऊ कम्युनिकेशन आ इलेक्ट्रॉनिक वारफेयर स्पेशलिस्ट हवे। ऊ नौसेना के फ्रंटलाइन युद्धपोतन पs सिग्नल कम्युनिकेशन ऑफिसर आ इलेक्ट्रॉनिक वारफेयर ऑफिसर रहल बाड़ें।

ऊ गाइडेड मिसाइल डिस्ट्रॉयर INS मुंबई के एग्जीक्यूटिव ऑफिसर आ प्रिंसिपल वारफेयर ऑफिसर के रूप में काम कइले बाड़ें। दिनेश त्रिपाठी INS किर्च, त्रिशूल आ विनाश जइसन नौसैनिक जहाजन के कमान संभरले बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]