[the_ad_group id="30365"]

इजराइल के ईरान पs मिसाइल अटैक : अमेरिकी अधिकारियन के दावा ; इस्फहान एयरपोर्ट के लगे धमाका; ईरान पांच दिन पहिले कइले रहे हमला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इजराइल ईरान पs मिसाइल हमला कइले बा। ABC न्यूज अमेरिकी अधिकारियन के हवाले से एकर जानकारी देलस। ईरान के शहर इस्फहान के एयरपोर्ट के लगे धमाकन के आवाज सुनाई देले बा। हालांकि, इजराइल अब तक एकर पुष्टि नइखे कइले।

ईरान के फार्स न्यूज एजेंसी एकर जानकारी देलस। फ्लाइट ट्रैकिंग वेबसाइट फ्लाइट रडार के मोताबिक, धमाकन के बाद ईरानी एयरस्पेस से कइयन गो फ्लाइट्स के डायवर्ट कs दिहल गइल बा। CNN न्यूज के मोताबिक, करीब आठ विमानन के रास्ता बदलला के खबर बा।

इस्फहान उहे प्रांत हs, जहां नाटान्ज समेत ईरान के कइयन गो न्यूक्लियर साइट्स मवजूद बा। नाटान्ज ईरान के यूरेनियम प्रोग्राम के मुख्य हिस्सा हs। एकरा पहिले 14 अप्रिल के ईरान इजराइल पs 300 से जादे मिसाइल आ ड्रोन्स से हमला कइले रहे। एह दौरान ऊ इजराइल के नेवातिम एयरबेस के टारगेट कइले रहे, जहां कुछ नुकसानो भइल रहे।

हालांकि, इजराइल अमेरिका, फ्रांस आ ब्रिटेन के मदद से ईरान के 99% हमला के रोके में कामयाब रहल रहे। ईरान के हमला के बाद इजराइल बदला लेवे के चेतावनी देले रहे। इजराइल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू ईरान पs जवाबी कार्रवाई के प्लानिंग खातिर वॉर कैबिनेट के संगे पांच गो बैठक कइले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]