[the_ad_group id="30365"]

केविन कॉनरॉय के 66 बरिस के उमिर में निधन, एनिमेटेड सीरीज में देहले रहनें बैटमैन के किरदार के आवाज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हॉलीवुड एक्टर अउर वॉइस ओवर आर्टिस्ट केविन कॉनरॉय के 66 बरिस के उमिर में निधन हो गइल। एह बात के जानकारी बैटमैन: द एनिमेटेड सीरीज में काम करे वाले को-स्टार डायने पर्सिंग देहनें। वार्नर ब्रदर्स एनिमेशन भी एह खबर के पुष्टि करत बतवले बानें कि लमहर समय से कैंसर से जंग लड़ रहल केविन कॉनरॉय के मृत्यु हो गइल रहे। बता देईं कि केविन कॉनरॉय एनिमेटेड सीरीज में बैटमैन के किरदार के आवाज दिहले रहनें।

वार्नर ब्रदर्स द्वारा जारी कइल गइल स्टेटमेंट में मार्क हैमिल, जे जोकर के किरदार खातिर आपन आवाज देहले रहनें, ऊ एक्टर के निधन पर शोक जाहिर कइले बा। मार्क हैमिल कहनें, ‘केविन एगो परफेक्शनिस्ट रहनें। हम उनके बहुत पसंद करत रहनीं। उनसे भाई के तरे बात करत रहनें। उहो हमार बहुत ध्यान रखत रहनें। उनके हर एक काम में उनकर सच्चाई नजर आवत रहे। जब हम उनके काम करत देखत रहनीं या फिर उनसे बात करत रहनीं, तब हमरे अंदर एगो अलग ही जोश भर जात रहे।’

एकरे अलावा बैटमैन: द एनिमेटेड सीरीज के राइटर पॉल दिनी सोशल मीडिया पर पोस्ट कs के एक्टर के श्रद्धांजलि अर्पित कइनें। एकरे अलावा अन्य स्टार्स लोग सोशल मीडिया पर शोक व्यक्त कइलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]