[the_ad_group id="30365"]

अटल बिहारी वाजपेयी के जिंदगी के बड़ पर्दा पs दिखइहें पंकज त्रिपाठी, जानीं कब रिलीज होई फिल्म

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

‘मैं रहूं या ना रहूं ये देश रहना चाहिए’…पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के एही सपना के बड़ परदा पर उतराले के जिम्मेदारी हिंदी फिल्म इंडस्ट्री अपने कांहे पर उठवले बा। दरअसल, निर्देशक रवि जाधव जल्दिए उल्लेख एनपी के किताब ‘द अनटोल्ड वाजपेयी: पॉलिटिशियन एंड पैराडॉक्स’ पर आधारित एक फिल्म लावे जा रहल बा। हालांकि दिलचस्प बात ई बा कि भारत के पूर्व प्रधानमंत्री के बायोपिक ‘मैं रहूं या ना रहूं ये देश रहना चाहिए- अटल’ में उनकर भूमिका बॉलीवुड अभिनेता पंकज त्रिपाठी निभावे वाला बानें।
ओइसे त अटल बिहारी वाजपेयी के जीवन के इर्द-गिर्द घूमे वाली एह बायोपिक के अनाउंसमेंट एही साल 28 जून के भइल रहे। लेकिन, ओ समय फिल्म के स्टारकास्ट के जानकारी पब्लिक नाइ देहल गइल रहे। उहवें अब मेकर्स न खाली फिल्म में पंकज त्रिपाठी के मौजूदगी के एलान कइले बानें बलुक फिल्म के रिलीज डेट से जुड़ल जानकारी भी साझा कइले बानें। बतावल जा रहल बा कि रवि जाधव के निर्देशन में बन रहल ई फिल्म अगले साल क्रिसमस पर रिलीज हो सकतिया।
अटल
एह मौका पर पंकज त्रिपाठी कहनें “अइसन मानवीय राजनेता के परदा पs चित्रित कइल हमरे खातिर सम्मान के बात बा। उ न खाली एगो राजनेता रहनें, बलुक ओसे कहीं अधिक, उ एगो उत्कृष्ट लेखक अउर एक प्रसिद्ध कवि रहनें। उनके नश्के कदम पर चलल हमरे जइसन अभिनेता खातिर कौनो स्वभाग्य से कम नाइ।
उहवें निर्देशक रवि जाधव कहनें “एगो निर्देशक के रूप में हम डायरेक्ट करे खातिर अटलजी के कहानी से बेहतर कौनो अउर कहानी नाइ मांग सकsतनीं। सबसे बड़ बात ई बा कि अटलजी के कहानी के स्क्रीन पर लावे ख़ातिर हमार साथ पंकज त्रिपाठी जइसन एगो अनुकरणीय अभिनेता दे रहल बानें। हमके उम्मीद बा कि हम लोग के उम्मीद पर खरा उतरब।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]