[the_ad_group id="30365"]

महाभारत में नंद का रोल करे वाले एक्टर रसिक दवे के निधन, एह टीवी शोज के रहल रहने हिस्सा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

‘क्योंकि सास भी कभी बहू थी’ अउर ‘बालिका वधू 2’ फेम एक्ट्रेस केतकी दवे के पति एक्टर रसिक दवे के शुक्रवार के किडनी फेल हो गइले के चलते निधन हो गइल। रसिक दवे के इंडस्ट्री में लोग प्यार से रसिक भाई कहके बोलावत रहल। ऊ पिछले 2 साल से डायलसिस पर रहने लेकिन पिछला एक महीना उनुका खातिर बहुत ज्यादा दर्दनाक रहल। 65 वर्षीय रसिक मुंबई में साँझ 8 बजे अंतिम सांस लेहलें।

कई टीवी शोज के हिस्सा रहल ई जोड़ी

रसिक अपने पीछे पत्नी केतकी, एक बेटे अउर एक बेटी के छोड़ गइलें। केतकी के माई सरिता जोशी अउर दिवंगत पिता प्रवीण जोशी थिएटर डायरेक्टर रहने। केतकी के छोट बहिन पूरवी जोशी एक्ट्रेस हई। रसिक अउरी केतकी दवे मिलके एक गुजराती थिएटर कंपनी चलावत रहने। रसिक आपन करियर साल 1982 में एक गुजराती फिल्म से शुरू कइलें रहने।

महाभारत में कइलें रहने नंद बाबा के रोल

रसिक टीवी शो ‘संस्कार- धरोहर अपनों की’ में कर्सनदास धनसुखलाल वैष्णव के रोल प्ले कइलें रहने। उ टीवी सीरियल महाभारत में नंद के रोल प्ले कइलें रहने जेके साल 1980 में टीवी पर प्रसारित अउरी कई बार रीटेलीकास्ट कइल गइल। रसिक के निधन पर फैंस सोशल मीडिया पर उनका के श्रद्धांजलि दे रहल बाने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]