[the_ad_group id="30365"]

Tunisha Sharma Death: आज होई तुनिषा शर्मा के अंतिम संस्कार, परिवार मौसी के करत रहे इंतजार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Tunisha Sharma Last Rites: टीवी एक्ट्रेस तुनिषा शर्मा 24 दिसंबर 2022 के आपन जान ले लेले रहली। आज माने 27 दिसंबर 2022 के उनकर अंतिम संस्कार बा। तुनिषा अपना को-एक्टर शीजान खान (Sheezan Khan) संगे ब्रेकअप के वजह से आत्महत्या कइले रहली। ऊ शो ‘अली बाबा: दास्तान-ए-काबुल’ (Ali Baba: Dastaan-E-Kabul) के सेट पs मौत के गले लगा लेले रहली।

आज होई तुनिषा शर्मा के अंतिम संस्कार

25 दिसंबर 2022 के तुनिषा के अंतिम संस्कार हो गइल रहित, बाकिर एक्ट्रेस के मौसी मुंबई ना पहुंच पाइल रहली। अब परिवार एगो स्टेटमेंट जारी कs के लोगन के इंफोर्म कइले बा कि, आज तुनिषा के अंतिम संस्कार होई। स्टेटमेंट के मोताबिक, “हमनी के प्यारी तुनिषा शर्मा। बहुत दुख के संगे ई बतावे के पड़ रहल बा कि, तुनिषा शर्मा 24 दिसंबर 2022 के हमनी के छोड़के चल गइली। हम चाहत बानी कि, उनका अंतिम संस्कार में प्रार्थना खातिर रउआ सभे आईं।” बता दीं कि, एक्ट्रेस के अंतिम संस्कार दुपहरिया 3 बजे मीरा रोड में कइल जाई।

शीजान पs लागल आत्महत्या खातिर उकसावे के आरोप

शीजान तुनिषा के एक्स बॉयफ्रेंड रहल। ओह लोगन के मुलाकात एही साल जून में टीवी शो ‘अली बाबा: दास्तान-ए-काबुल’ के शूटिंग के दौरान भइल रहे। मिलल जानकारी के मोताबिक, ओह लोगन के बीच लद्दाख ट्रिप पs नजदीकी बढ़ल रहे आ ऊ एक- दोसरा के डेट करे लागल रहे लोग। ओह लोगन के लव लाइफ निम्मन चलत रहे। एही बीच निधन से 15 दिन पहिलही शीजान तुनिषा से ब्रेकअप कs लेले रहस। ब्रेकअप के कइयन गो वजह बतावल जा रहल बा। केहू शीजान पs तुनिषा के चीट करे के आरोप लगा रहल बा तs ओहिजा शीजान के कहनाम बा कि ऊ एज, धर्म आ परिवार के दबाव के चलते तुनिषा से ब्रेकअप कइले।

फिलहाल, शीजान के 28 दिसंबर 2022 तक पुलिस रिमांड में रखल गइल बा। पुलिस कइयन एंगल से एह केस के जांच कर रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]