[the_ad_group id="30365"]

‘भाभीजी घर पर हैं’ के दीपेश भान के निधन, क्रिकेट खेलत समय भइल बड़ हादसा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीवी इंडस्ट्री से एगो दुखभरल खबर सामने आईल बा। अभिनेता दीपेश भान एह दुनिया के अलविदा कह देहलें बानें। दीपेश पॉपुलर टीवी सीरियल ‘भाभीजी घर पर है’ में मलखान सिंह के किरदार में नजर आवत रहने। ऊ लंबा समय से एह सीरियल से जुड़ल रहने। अभिनेता के निधन के पुष्टि शो के असिस्टेंट डायरेक्टर अभिनीत कइले बानें। दीपेश अपने पीछे पत्नी अउरी एक बच्चा के छोड़ देहलें बानें। उनकर शादी साल 2019 में दिल्ली में भइल रहे।

जानकारी के मुताबिक, दीपेश शुक्रवार के क्रिकेट खेलत रहने। लेकिन क्रिकेट खेलत समय ऊ अचानक गिर गइल रहने, जेकरे बाद ऊ तुरंत ओनके अस्पताल ले जाइल गइल। इहाँ पर डॉक्टर अभिनेता के मृत घोषित कs देहली। असिस्टेंट डायरेक्टर अभिनीत के साथ-साथ एक्टर वैभव माथुर दीपेश भान के निधन के खबर के कंफर्म कइल गइल बा। ऊ दीपेश के निधन पर दुख व्यक्त करत बतवले कि ह, अब ऊ नाइ बानें। एह पर हम कुछ नाइ बोलल चाहतानी, काहे से कि बोले के कुछ बचले नाइ बा।’ बता दीं कि शो में दीपेश अउरी माथुर दो दोस्त के भूमिका में रहने अउरी दूनों में काफी ज्यादा पटतो रहल।

कई शोज के हिस्सा रहले दीपेश

दीपेश टीवी के दुनिया से लंबहर समय से जुड़ल रहने। ‘भाभीजी घर पर हैं’ से पहले ऊ ‘कॉमेडी का किंग कौन’, ‘कॉमेडी क्लब’, ‘भूतवाला’, ‘एफआईआर’ समेत कई कॉमेडी शोज के हिस्सा रह चुकल बानें। एकरे  अलावा, ऊ आमिर खान के संगे काम कइलें बानें। ऊ आमिर खान के साथ टी-20 वर्ल्ड कप के विज्ञापन में नजर आइल रहने। ऊ साल 2007 में रिलीज भइल फिल्म ‘फालतू उटपटांग चटपटी कहानी’ में काम कइले रहने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]