[the_ad_group id="30365"]

बिहार: गोपालगंज में बड़ हादसा, 20 मजदूरन से भरल ऑटो नदी में पलटल, पांच मजदूर के हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के गोपालगंज में बड़ हादसा होखले के खबर सोझे आ रहल बा जहां 20 मजदूरन से भरल ऑटो सोना नदी में पलट गइल। ऑटो में 20 से अधिक मजदूर सवार रहलें। एहमें अधिकतर महिला मजदूर रहली। घटना के बाद अफरा-तफरी मच गइल। आनन-फानन में स्थानीय लोग ने सब के कौनो तरह बाहर निकालल। एहमें पांच मजदूरन के हालत गंभीर बा। सब घायल मजदूर के फुलवरिया अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

पांच मजदूरन के हालत गंभीर

ई घटना फुलवरिया थाना के बथुआ बाजार के लग्गे के बा। जानकारी के अनुसार सब मजदूर श्रीपुर से अमठा कोल्ड स्टोर में जात रहलें। ऑटो पर क्षमता से अधिक सवारी बइठल रहनें। जेकरे चलते ऑटो अनियंत्रित हो के नदी में पलट गइल। घटना में 5 मजदूरन के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा। सब के इलाज खातिर भर्ती करावल गइल बा।

हादसा के बाद मचल चीखपुकार

हादसा के बाद मौका पर चीखपुकार मच गइल। शोरगुल सुन के घटनास्थल पर पहुंचल स्थानीय लोग नदी में बूड़त सब लोग के कौनो तरह से बाहर निकललें। जेमे 5 मजदूरन के हालत चिंताजनक बतावल जा रहल बा। गंभीर रूप से घायल मजदूरन के फुलवरिया अस्पताल में इलाज चल रहल बा। बतावल जा रहल बा कि ऑटो पs क्षमता से अधिक सवारी होखले के चलते ऑटो अनियंत्रित हो के नदी में पलट गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]