[the_ad_group id="30365"]

डिप्टी सीएम के काफिला में टकराइल गाड़ी, उपनिरीक्षक समेत 11 लोग घाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखीमपुर खीरी जनपद में एक कार्यक्रम में शामिल होखे जात डिप्टी सीएम के काफिला में शामिल गाड़ी सब अपने में टकरा गइल। हादसा में छह पुलिसकर्मी अउर चार डाक्टर समेत पांच स्वास्थकर्मी भी घायल हो गइलें। बतावल जा रहल बा कि एगो गाड़ी के काफिला में घुस गइल रहे। जौने के चलते अन्य वाहनन के गति कम कइल गइल रहे। जेकरे चलते ई हादसा भइल। घायलन के इलाज जिला अस्पताल में करावल गइल बा।

शुक्क़ के बिहाने करीब साढे दस बजे डिप्टी सीएम ब्रजेश पाठक लखनऊ से लखीमपुर खीरी एगो कार्यक्रम में शामिल होखे जात रहलें। रास्ता में सीतापुर-लखीमपुर मार्ग पर कोतवाली देहात क्षेत्र में नानकारी गांव के पास काफिला में दूसर गाड़ी शामिल होखल चाहत रहे। एकरे खातिर एक जनप्रतिनिधि के कार्यकर्ता के कार के गति अचानक धीमी हो गइल। मौका पर मौजूद लोग एकर पुष्टि करत बतावल कि अचानक गति धीमा होखले के कारण कई वाहन अनियंत्रित हो गइलें। काफिला में शामिल एगो एंबुलेंस के टक्कर एक पुलिस वाहन से हो गइल। दूनों ही गाड़ी उपमुख्यमंत्री के काफिला में ही शामिल रहलें।

टक्कर से पुलिस वाहन में सवार उपनिरीक्षक प्रमोद मिश्र, मुख्य आरक्षी राजवीर, आरक्षी इंद्रसेन, सुभाष अउर नसीम छह लोग घायल हो गइलें। उहवें एंबुलेंस में सवार चार डॉक्टर अरशद जमाल खान, नबी सरवर, विनय सिंह, पीसी विश्वकर्मा अउर एलटी राजीव कुमार घायल हो गइलें। एह दौरान एगो कार भी टूट-फूट गइल। जेमें आगे के ओर से टक्कर लागल बा। बतावल जा रहल बा कि ऊ एगो जनप्रतिनिधि के निजी कार रहल। हादसा के बाद, एएसपी उत्तरी राजीव दीक्षित, महोली विधायक शाशंक त्रिवेदी, सीओ सिटी सुशील सिंह, सीओ सदर राजूकुुमार साव समेत कई लोग मौका पर पहुंच गइलें। जहां से घायलन के जिला अस्पताल भर्ती करावल गइल बा। एन्ने सीएम के काफिला लखीमपुर खातिर रवाना हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]