[the_ad_group id="30365"]

बिहार : जेपी सेतु के खम्हा से टकराइल सीएम नीतीश के नाव, छठ घाट के निरीक्षण करे गइल रहनें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के नाव आजु गंगा नदी के किनारे स्थित छठ घाट के निरीक्षण के दौरान जेपी सेतु के एक खम्भा से टकरा गइल। घटना के बाद उहां अफरातफरी के माहौल हो गइल। हालांकि, गनीमत रहल कि सीएम नीतीश सहित नाव में सवार सब लोग सुरक्षित रहल।

तेज हवा के कारण बिगड़ल संतुलन

जानकारी के मुताबिक नीतीश कुमार नाव पर सवार हो के गंगा नदी में छठ घाट पर हो रहल साफ सफाई के जायजा लेवे गइल रहनें लेकिन एही दौरान तेज हवा के चलते नाव के संतुलन बिगड़ गइल जेसे नाव पिलर से टकरा गइल। बता देईं कि दिन में भारी बरखा के चलते गंगा के जलस्तर बढ़ गइल बा, जेकरे कारन नदी के पानी खतरा के निशान से ऊपर बह रहल बा।

जल संसाधन मंत्री संजय झा भी रहलें सीएम नीतीश के संगे

बता देईं कि छठ घाट के जायजा करे के दौरान नीतीश कुमार के साथ जल संसाधन मंत्री संजय झा भी मौजूद रहलें। एनके अलावा कई वरिष्ठ अधिकारी भी मौजूद रहल। हालांकि, मुख्यमंत्री के सुरक्षा खातिर उनके संगे गोताखोर के टीम भी चलत रहे। एकरे अलावा सीएम के पीछे अउर आगे कई छोट बोट पर सुरक्षा बल भी साथ रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]