[the_ad_group id="30365"]

माली में यात्रियन से भरल बस में विस्फोट, 11 लोग के मौत, 53 लोग घाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अफ़्रीका के पश्चिमी हिस्सा में स्थित माली देश से एगो बड़ खबर सोझे आ रहल बा। इहां अफ्रीकी देश माली में एक बस में जोरदार धमाका में 11 लोग के मौत हो गइल, जबकि 53 अन्य लोग घायल हो गइलें। ई धमाका जिहादी हिंसा के गढ़ कहे जाए वाले मोप्ती इलाका में भइल बा। सूत्र के अनुसार, मोप्ती में शुक्क के सुबह बांदियागरा अउर गौंडका के बीच गुजरत ओ बस में धमाका भइल बा जौन यात्रियन से खचाखच भरल रहे।

पुलिस अउर स्थानीय लोग 10 यात्रियों के मौत अउर कई लोग के घायल होखे के सूचना देहल। स्थानीय बांदियागरा यूथ एसोसिएशन के मौसा हाउससेनी बतवलें कि हमनी के अभिन ले 9 शव के क्लिनिक पहुंचावल गइल बा। ऊ कहलें कि मृतकन के संख्या बढ़ भी सकsता। उहवें, पुलिस हादसा में मारल गइल लोग के शव के कब्जा में ले के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहले बा।

आपके बता देईं, माली लमहर वक्त से एगो जिहादी विद्रोह से जूझ रहल। एह विद्रोह के कारण अब ले हजार लोग के जान जा चुकल बा। उहे, एह विद्रोह के कारण सैकड़न लोग के अपने घर से पलायन करे के पड़ल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]