[the_ad_group id="30365"]

शाकाहारी थाली मार्च में हो गईल 7% महंगा, ई सब्जी बनल विलेन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मार्च महीना में शाकाहारी थाली के लागत बढ़ गईल बा। प्याज, टमाटर आ आलू के दाम बढ़ला के चलते वेज थाली सालाना सात फीसदी महँग हो गइल बा। घरेलू रेटिंग एजेंसी क्रिसिल के एगो इकाई के ओर से बियफ़ें के पेश एगो सर्वेक्षण में इs जानकारी सोझा आईल बा। भाषा न्यूज के मुताबिक क्रिसिल मार्केट इंटेलिजेंस एंड एनालिसिस आपन मासिक चावल दर रिपोर्ट में कहलस कि पॉल्ट्री के दाम में गिरावट के चलते पछिला महीना मांसाहारी थाली के लागत में सात प्रतिशत के गिरावट आईल बा।

एह सब्जी के अधिका दाम के भूमिका रहल

खबर के मुताबिक शाकाहारी थाली में रोटी, सब्जी (प्याज, टमाटर अवुरी आलू), चावल, दाल, दही अवुरी सलाद के संगे आवेला। एह थाली के दाम मार्च में बढ़ के 27.3 रुपिया प्रति थाली हो गइल जवन एक साल पहिले के एही अवधि में 25.5 रुपिया रहे। हालांकि फरवरी में शाकाहारी थाली के दाम 27.4 रुपिया के मुक़ाबले मार्च में घटल बा। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि कम आगमन आ कम बेस रेट के चलते शाकाहारी थाली महंगा हो गइल बा काहे कि सालाना आधार पs प्याज के दाम 40 फीसदी, टमाटर के दाम 36 फीसदी आ आलू के दाम 22 फीसदी बढ़ल बा।

मांसाहारी थाली के लेके ट्रेंड कईसन बा?

रिपोर्ट के मुताबिक कम आवक के चलते एक साल पहिले के मुक़ाबले चावल के दाम में भी 14 प्रतिशत अवुरी दाल के दाम में 22 प्रतिशत के बढ़ोतरी भईल बा। जबकि एक साल पहिले के एही अवधि में मांसाहारी थाली के भाव 59.2 रुपिया रहे, जवन कि पछिला महीना घट के 54.9 रुपिया हो गईल। बाकिर फरवरी में एकर दाम अबहियो 54 रुपिया प्रति थाली से अधिका बा।

दरअसल ब्रॉयलर मुरगा के दाम में 16 प्रतिशत के गिरावट के चलते मांसाहारी थाली के लागत में सालाना कमी आईल। गैर शाकाहारी थाली में ब्रॉयलर के वजन 50 प्रतिशत होखेला। हालांकि पवित्र रमजान महीना के शुरुआत अवुरी फरवरी के मुक़ाबले मार्च में जादा मांग के चलते ब्रॉयलर के दाम में पांच प्रतिशत के बढ़ोतरी भईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]