[the_ad_group id="30365"]

Boeing: बोइंग के सीईओ डेव कैलहौन दिहें पद से इस्तीफा; सुरक्षा संकट के बीच प्रबंधन में फेरबदल करी कंपनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बोइंग के मुख्य कार्यकारी अधिकारी डेव कैलहौन अपना पद से इस्तीफा दिहें। कंपनी एकर एलान कइलस। कंपनी कहलस कि ऊ हाले में भइल कइयन गो सुरक्षा घटना में जांच के सामना कs रहल बाड़ें। अइसन में सुरक्षा कारणन के चलते कंपनी प्रबंधन में बदलाव के निर्णय कइले बिया। एही बदलाव के क्रम में डेव कैलहौन एह साल के आखिर तक आपन पद छोड़ दिहें।

कंपनी बियफे के अपना बयान में कहलस कि बोइंग कमर्शियल एयरप्लेन के अध्यक्ष आ सीईओ स्टेन डील रिटायर हो जइहें। उनकर जगह स्टेफनी पोप लिहें। टेक कंपनी क्वालकॉम के पूर्व सीईओ स्टीव मोलेनकोफ के बोर्ड के नया अध्यक्ष नियुक्त कइल गइल बा।

कैलहौन जवन जनवरी 2020 में बोइंग के टॉप पद पs पहुंचल रहलें। विमानन में भइल हालिया घटनाक्रमन से आहत बाड़ें। ऊ कहलें कि उनकर कंपनी एह ममिलन के जांच कs रहल नेशनल ट्रांसपोर्टेशन सेफ्टी बोर्ड (एनटीएसबी) के संगे मिलके काम करे खातिर प्रतिबद्ध बाड़ें।

डेव कैलहौन कहलें कि एनटीएसबी एगो सक्षम संस्था हs आ हमनी के ओकरा ओर से उठावल गइल हर डेग आ ओकरा निष्कर्षन पs भरोसा करत बानी सs। अलास्का एयरलाइंस में भइल हादसा के बाद अमेरिकी नियामक बोईंग के 171 737 मैक्स 9 विमानन के ग्राउंडेड कs देले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]