[the_ad_group id="30365"]

Ved Pratap Vaidik Died: वरिष्ठ पत्रकार वेद प्रताप वैदिक के निधन, 78 साल के उमिर में लेले अंतिम सांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Ved Pratap Vaidik Died: देस के वरिष्ठ पत्रकार आ विचारक वेद प्रताप वैदिक के आज निधन हो गइल। जानकारी के मोताबिक, वेद प्रताप अपना घर के बाथरूम में फिसल गइलें, जवना से उनकर मौत हो गइल। हादसा सबेरे 9 बजे के करीब भइल बा, जवना के तुरंत बाद उनका के गुडगांव के प्रतीक्षा अस्पताल ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल।

हाफिज सईद के लेले रहस इंटरव्यू

वैदिक 2014 में पाकिस्तान के खूंखार आतंकी आ मुंबई हमिलन के मास्टरमाइंड हाफिज सईद के इंटरव्यू लेले रहस, जवना के बाद ऊ विवादन में घिर गइल रहस। ऊ कश्मीर के लेके विवादित बयान देले रहस। वैदिक एगो पाक चैनल के दिहल इंटरव्यू में कहले रहस कि जदि पाक आ भारत चाहे तs कश्मीर आजाद हो सकत बा।

संसद पs कइले रहस विवादत टिप्पणी

वेद प्रताप वैदिक जब पाकिस्तान में जाके हाफिज सईद के इंटरव्यू लेले तs ऊ पीएम मोदी के लेके गलत बातेन के कहले रहस। ओहिजा, भारत लवटला पs उनककर भारी विरोध भइल आ उनका खिलाफ देशद्रोह के मुकदमा तक चलावे के मांग उठल।

दु गो सासंद लोग उनका पs कार्रवाई के मांग कइल तs वैदिक कहले रहस कि ऊ केहुओ से ना डेराले। ऊ कहले कि हम केहू से कवनो समझौता ना कइनी, जे हम डेरा। वैदिक आगे कहले रहस कि हमरा खिलाफ खाली दु गो सांसद लोग कार्रवाई के मांग कइले बा, जदि सब सांसद हमरा के गिरफ्तार करे के बात कहे लोग तबो हम डेरानी ना। ऊ कहलें कि हमार गिरफ्तारी के बात अगर संसद करत बा, तs हम ओकरा के तुखत बनाई।

कइयन गो बड़ मीडिया संस्थान में कइले रहस काम

वेदप्रताप वैदिक कइयन साल तक बड़ मीडिया संस्थानन में काम कइलें। ऊ 10 साल पीटीआई-भाषा के संस्थापक-संपादक के जिम्मेदारी संभरले। जीवन के आखिरी मोड़ तक उनकर कइयन प्रमुख अखबार में राजनीति आ आउर सामाजिक विषयन पs लेख छपत रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]