[the_ad_group id="30365"]

छपरा में RJD नेता सुनील राय के अपहरण, घटना सीसीटीवी में कैद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में RJD नेता सुनील राय के अपहरण, घटना सीसीटीवी में कैद

RJD नेता सुनील कुमार राय के अपहरण की खबर आ रहल बा। हथियार आ मास्क पहिन के पहुंचल बदमाश इ अपहरण के अंजाम देने |

बिहार के छपरा से एगो बड़ खबर आ रहल बा। RJD नेता सुनील कुमार राय के अपहरण की खबर आ रहल बा। हथियार आ मास्क पहिन के पहुंचल बदमाश इ अपहरण कईले बाड़े। पुलिस के अयीसन शिकायत मिलल बा। एकरा बारे में एगो सीसीटीवी फुटेज भी सामने आइल बा। सीसीटीवी फुटेज में देखल जा सकेला कि कुछ अपराधी सुनील राय के जबरन गाड़ी में ले जा रहल बाड़े| पुलिस मामला के छानबीन करतिया।

 

ऑफिस से अपहरण क लिहल गइल

जानकारी के मुताबिक अपराधी उनुका के साधा स्थित सुनील कुमार राय के कार्यालय से अपहरण क लेले। अपराध स्थल से कुछ दूरी पे उनुकर मोबाइल फोन भी मिलल बा| बताई कि सुनील कुमार राय एकरा से पहिले RJD के खिलाफ विद्रोह क के निर्दलीय चुनाव लड़ले रहले।

 

अपहरण के बाद फेंकल गईल फोन

मानल जाता कि अपराधी अपहरण के बाद उनुकर फोन फेंक देले, ताकि लोकेशन के पता ना चल सके। सीसीटीवी के आधार पे पुलिस अपराधी के तलाश में जुटल बिया। अपहरण के बाद सुनील राय के साधा आवास पे लोग के भीड़ जमा हो गईल। सुनील राय कार्यालय से 700 मीटर दूर उनुका आवास में रहेले।

 

सुनील राय जमीन के कारोबार से जुड़ल बाड़े

घटना के बाद पुलिस हर बिंदु पे गहराई से जांच करतिया। उ एतना सबेरे ऑफिस में काहे पहुंचले, एकरा बारे में भी जोर-शोर से चर्चा होखता। बताईं कि RJD नेता सुनील राय जमीन के कारोबार से जुड़ल बाड़े। पहिले भी कई बेर जमीन के लेके दोसरा से विवाद होखत रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]