[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली अब दुनिया के सबसे प्रदूषित शहर नइखे रहि गइल, पाक के हवा भारत से जादा जहरीला बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली अब दुनिया के सबसे प्रदूषित शहर नइखे रहि गइल, पाक के हवा भारत से जादा जहरीला बा

फोटो: पिछला साल तक नई दिल्ली दुनिया के सबसे प्रदूषित राजधानी में से एगो रहे|

 

भारत दुनिया के दस सबसे प्रदूषित देशन में शामिल बा। नई दिल्ली अब दुनिया के सबसे प्रदूषित राजधानी नईखे रहि गईल, लेकिन स्थिति अभी भी चिंताजनक बा। ग्रीनपीस आ IQAir साल 2022 के सबसे प्रदूषित देशन के सूची बना के सामने आइल बा| भारत से ज्यादा जहरीला हवा पाकिस्तान में बह रहल बा। बाकिर हवा के गुणवत्ता सूचकांक में भारत के स्थिति में कवनो सुधार नइखे लउकत|

ग्रीनपीस साल 2022 मे दुनिया के सबसे प्रदूषित देशन के सूची लेके आइल बा। एह रिपोर्ट में टॉप दस देशन में 8 गो एशियाई आ दू गो अफ्रीकी देश बाड़े| पहिला नंबर चाड के बा जे 89.7 अंक हासिल कइले बा| माने कि एह देश में विश्व स्वास्थ्य संगठन (डब्ल्यूएचओ) के ओर से तय PM2.5 मानक के धज्जि हो रहल बा। भारत भी एह में पीछे नइखे।

डब्ल्यूएचओ के मानक ई बा कि अगर हवा में PM2.5 के स्तर 50μg/m3 से ढेर होखे तब प्रदूषण के स्तर बहुत जादा होला। बाकिर भारत जइसन दस गो देश बा, जवन एह स्तर के पार कर चुकल बा| प्रदूषण ओकरा से परे बा। भारत ओह देशन में शामिल बा जवना में डब्ल्यूएचओ के मानक के मुताबिक पीएम2.5 के स्तर जादा बा। सबसे पहिले जान लीं कि ऊ दस गो देश कवन बा, जहाँ पीएम2.5 के स्तर निर्धारित मानक से बहुते अधिका बा|

 

ई सभसे ढेर प्रदूषित टॉप दस देस हवें (डब्ल्यूएचओ के अनुसार एह देस सभ के हवा सभसे ढेर प्रदूषित बाटे)

1. चाड 89.7

2. इराक 80.1

3. पाकिस्तान 70.9

4. बहरीन 66.6

5. बांग्लादेश 65.8

6. बुरकीना फासो 63.0

7. कुवैत 55.8

8. भारत 53.3

9. मिस्र 46.5

10. ताजिकिस्तान 46.0

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]