[the_ad_group id="30365"]

वाराणसी में दर्दनाक हादसा: साड़ी फिनिशिंग के कारखाना में लागल भीषण आग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाराणसी के भेलूपुर थाना क्षेत्र के अशफाक नगर कॉलोनी में स्थित साड़ी फिनिशिंग कारखाने में शॉर्ट सर्किट से लागल आग के जद में आ के पिता-पुत्र समेत चार लोग के दर्दनाक मौत हो गइल। स्थानीय लोग तत्परता देखावत फायर ब्रिगेड के पहुंचने से पहिलहीं आग पर काबू पा लेहल नाइ त हादसा अउर बड़ हो सकत रहल।
बतावल जा रहल बा कि गुरुवार दोपहर पौने 12 बजे के करीब संभवतः खाना बनावत में आग लाग गइल।

12 फुट × 10 फुट के कमरा में साड़ी, फोम, फिनिशिंग सामग्री रखल रहल जौन सिंथेटिक के रहल जेसे आग कमरे में तेजी से फैल गइल। आग रोकले के प्रयास में चार व्यक्ति कमरे से निकलिए नाइ पवनें। देखते देखत आग विकराल रूप ध लेहलस अउर चारों ओही कमरा में फंसल रह गयवे जेसे उनकर मौत हो गइल।
एह दर्दनाक हादसा में मदनपुरा निवासी 45 वर्ष के एक व्यक्ति, उनकर 22 बरिस के पुत्र, अररिया (बिहार) निवासी दू मजूरा के मौत भइल बा। मौका पर पहुंचल पुलिस शव के कब्जा में ले के पोस्टमार्टम खातिर भिजवा देहले बानें। मृतक के आश्रित के आपदा राहत के अंतर्गत समुचित मुआवजा सहायता देहल जाई।
सीएम योगी जतवनें शोक, मुआवजे के घोषणा
मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अशफाक नगर हादसा में भइल जनहानि पर शोक जतवले। ऊ मृतकन के परिजन के प्रति संवेदना व्यक्त कइले बानें। साथ ही राज्य आपदा निधि से प्रत्येक मृतक के परिजन के चार लाख रुपया राहत राशि देहले के निर्देश देहले बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]