[the_ad_group id="30365"]

आंध्रप्रदेश में आग से 6 मजदूर जिंदा जर गइने

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एलुरु के अक्किरेड्डीगुडेम में एगो केमिकल फैक्ट्री में आग लगले से 6 लोग के मौत हो गइल। 13 लोग  घायल हो गइल। हादसा देर रात गैस लीकेज के कारण भइल। एलुरु एसपी राहुल देव शर्मा के मुताबिक नाइट्रिक एसिड अउर मोनोमिथाइल के रिसाव से आग लागल।

हॉस्पिटल के रास्ता में तुड़ले दम

घटना पोरस फैक्ट्री में भइल। ई मसुनुर जिला में बा। जहां यूनिट नंबर 4 में गैस लीक भइल अउर पूरा बिल्डिंग में फैल गइल। हादसा में 5 मजदूर के मौत मौके पर हो गइल। एक जनी हॉस्पिटल ले जात में रस्तवे में दम तूड़ देहने।

घायलन के बेहतर इलाज खातिर विजयवाड़ा अउर नूजीडू रेफर कइल गइल बा। अधिकारियन के कहनाम बा कि 4 मजदूर के हालत बहुत नाजुक बा। आग के खबर मिलतही दमकल अउर NDRF के टीम आग पर काबू पवले के कोशिश में जुट गइल।

केमिकल के यूज से दवा बनावत रहल फार्मा फैक्ट्री

मरे वालन में 4 मजदूर बिहार के रहने। जबकि बाकी दू के पहिचान कृष्णा केमिस्ट अउर ऑपरेटर किरण के रूप में भइल बा। पुलिस बाकी ब्लॉक्स में मजदूरन के मौजूदगी के जांच कS रहल बा। पोरस फैक्ट्री एगो फार्मा फैक्ट्री बा, जहां नाइट्रिक एसिड, मोनो मिथाइल अउर सल्फ्यूरिक एसिड के इस्तेमाल होला।

गुजरातो में भइल रहल अइसने हादसा

पिछले दिन गुजरात के भरूच में भी एगो केमिकल फैक्ट्री में अइसने हादसा भइल रहल, जेमें 6 मजदूर जिंदा जल गइल रहने। दहेज के ओम ऑर्गेनिक कंपनी में डिस्टिलेशन प्रोसेस चल रहल बा। जेमें रिएक्टर में विस्फोट के बाद आग लगले से मजूदर के मौत हो गइल रहल।

आंध्रप्रदेश के CM कइने मृतकन के परिजन के 25 लाख रुपया देहले के ऐलान

आंध्रप्रदेश के CM वायएस जगन मोहन रेड्डी मृतकन के परिजन के 25 लाख रुपया, गंभीर घायल लोग के 5 लाख अउर मामूली घायल लोग के 2 लाख रुपया मुआवजा देहले के ऐलान कइले बाने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]