[the_ad_group id="30365"]

वाराणसी: पहिला अंतरराष्ट्रीय रोजगार मेला काशी में, खाड़ी देशन में मिली नौकरी, जानीं तारीख अउर जरूरी बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

युवा लोग के विदेशन में रोजगार के अवसर उपलब्ध करावे खातिर वाराणसी में देश के पहिला अंतरराष्ट्रीय रोजगार मेला के शुरुआत होखे के बा। एनएसडीसी (नेशनल स्किल डेवलपमेंट कॉरपोरेशन) के ओर से आईटीआई करौंदी में संचालित स्किल इंडिया इंटरनेशनल सेंटर के ओर से 14 दिसंबर के पहिला अंतरराष्ट्रीय रोजगार मेला के आयोजन कइल जाई।

आईटीआई में फिटर कोर्स अउर पॉलिटेक्निक, कंस्ट्रक्शन के सथही होटल मैनेजमेंट पास युवा, जेकरे लग्गे तीन से चार साल के अनुभव होखे, ऊ शामिल हो सकsतनें। एह सेंटर से युवा लोग खातिर प्लेसमेंट के शुरुआत तs पहिलही हो गइल रहे, लेकिन पहिला बेर एतना बड़ रूप से अंतरराष्ट्रीय रोजगार मेला के आयोजन कइल जा रहल बा। एह मेला में प्रतिभाग कs के युवा खाड़ी देश में रोजगार कs सकेनें।

हर महीना में एक बेर मेला के होई आयोजन

सेंटर के अधिकारियन के अनुसार, हर महीना में एक बेर मेला के आयोजन कइल जाई। एहसे युवा लोग के नगदे लाभ होई। स्किल इंडिया इंटरनेशनल सेंटर के ओर से जिलेवार मेला के आयोजन कइल जाई। पहिला बेर में वाराणसी के युवा लोग के मौका दिहल जाई। अइसही हर बेर अलग-अलग जिला के युवा लोग के मौका मिली।

तीन से चार साल के अनुभव अउर पासपोर्ट जरूरी

अंतरराष्ट्रीय रोजगार मेला में आईटीआई अउर पॉलिटेक्निक पास युवा प्रतिभाग कs सकतनें। सथही मेला के आयोजन से पहिले संस्था के लग्गे विदेशन में जौने पद खातिर रिक्ति आइल। ओकरे आधार पs युवा लोग के मौका दिहल जाई।

अंतरराष्ट्रीय रोजगार मेला में आवे खातिर प्रमाणपत्र अउर आधार कार्ड के सथही पासपोर्ट के अनिवार्यता होई। रोजगार मेला में आवे वाले युवा लोग के तीन से चार साल के अनुभव होखल जरूरी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]