[the_ad_group id="30365"]

वाराणसी: गंगा में दक्षिण भारत के 34 यात्रियन से भरल नाव डूबे से बचल, चीख पुकार के बीच बचावल गइल जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गंगा में एगो बड़ हादसा टल गइल। 34 यात्रियन से भरल नाव डूबले से बचल। दरभंगा घाट के सोझे से ओ पार रेती पर जात समय नाव में पानी भरले से नाव के संतुलन बिगड़ल अउर नाव पलटले से यात्रियन में चीख पुकार मच गइल। तुरंत आसपास के नाविक अउर जल पुलिस मौका पs पहुंचल अउर सब के सुरक्षित स्थान पर पहुंचवलें। एहमें दू यात्रियन के हलुक चोट आइल बा। दूनों पति-पत्नि बानें। जिनके बीएचयू में एडमिट करावल गइल।
बतावल जा रहल बा कि अब पी आदिनारायण अउर पी विजया के हालत सामान्य बा अउर उन के इमरजेंसी से जनरल वार्ड में शिफ्ट कर दिहल  गइल बा। उहवें, दशाश्वमेध पर पुलिस नाविक के हिरासत में लिहले बा। सब यात्रियन के दूसरे नाव से गंतव्य के भेजल गइल। दशाश्वमेध थाना के पुलिस नाविक के हिरासत में लिहले बा। सब यात्रियन के दूसरे नाव से गंतव्य पs भेजल गइल।

 

दक्षिण भारत के 34 यात्रियन के समूह गंगा में नौकायन करे निकलल। केदार घाट के रहे वाले अमित साहनी के नाव में सब सवार भइल। दरभंगा घाट से ओ पार रेती के तरफ जात शनिचर के बिहाने नाव में अचानक पानी भरे लागल। पुरान नाव होखले के चलते नाव में धीरे धीरे पानी भरे लागल।। यात्री लोग शोर मचावल। आरोप बा कि एह दौरान नाविक कूद कs भाग निकलल। शोर शराबा-चीख पुकार सुन के समय पर मल्लाह अउर पुलिस पहुंच गइल। एह वजह से सब के तुरंत बचा लिहल गइल। पुलिस मौका से एक नाविक के हिरासत में लिहले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]