Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार के सारण में तेज रफ्तार कार कइयन लोगन के कुचललस, 18 के हालत गंभीर

506

सारण: बिहार के सारण में एगो अनियंत्रित कार सड़क किनारे श्राद्ध कार्यक्रम के भोज खा रहल लोगन के कुचल देलस। हादसा में 18 लोग गंभीर रूप से घायल भइल बा।

घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। मिलल जानकारी के मोताबिक, सड़क किनारे बड़ संख्या में लोग मवजूद रहे। तेज रफ्तार कार सभे के रउदत चल गइल। हादसा में कइयन लोगन के हलुक चोटो आइल बा। हादसा के सूचना पुलिस के दिहल गइल। मवका पs पहुंचल पुलिस घायलन के अस्पताल में भर्ती करवलस। पुलिस ममिला के जांच कर रहल बिया।

अभी ई स्पष्ट नइखे हो पाइल कि कार चालक फरार हो गइल बा कि पकड़ल गइल। रात में भइल एह हादसा के बेरा रोड पs कइयन लोग मवजूद रहे।

393400cookie-checkबिहार के सारण में तेज रफ्तार कार कइयन लोगन के कुचललस, 18 के हालत गंभीर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.