[the_ad_group id="30365"]

बिहार के सारण में तेज रफ्तार कार कइयन लोगन के कुचललस, 18 के हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण: बिहार के सारण में एगो अनियंत्रित कार सड़क किनारे श्राद्ध कार्यक्रम के भोज खा रहल लोगन के कुचल देलस। हादसा में 18 लोग गंभीर रूप से घायल भइल बा।

घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। मिलल जानकारी के मोताबिक, सड़क किनारे बड़ संख्या में लोग मवजूद रहे। तेज रफ्तार कार सभे के रउदत चल गइल। हादसा में कइयन लोगन के हलुक चोटो आइल बा। हादसा के सूचना पुलिस के दिहल गइल। मवका पs पहुंचल पुलिस घायलन के अस्पताल में भर्ती करवलस। पुलिस ममिला के जांच कर रहल बिया।

अभी ई स्पष्ट नइखे हो पाइल कि कार चालक फरार हो गइल बा कि पकड़ल गइल। रात में भइल एह हादसा के बेरा रोड पs कइयन लोग मवजूद रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]