[the_ad_group id="30365"]

मशरक में आग लगला से नगदी समेत लाखन रुपिया के समान जरल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक( सारण)/धर्मेन्द्र कुमार सिंह। मशरक थाना क्षेत्र अंतर्गत बंगरा पंचायत के चरीहारा गांव के मल्लाह टोला में भूलावन सहनी के घर में अचानके आग लगला से नगदी समेत लाखन रुपिया के समान जर के राख हो गइल।

परिजन लोग बतावल कि ई घटना बुध के रात लगभग ग्यारह बजे के हs। ममिला में परिजन लोग बतावल कि सब परिवार खाना खाके सुत गइल रहे। रात के सुतल परिजनन के अचानके आंख खुलल तs देखल लो कि घर में आग लागल बा आ समान जर रहल बा। ऊंचा आवाज में जोर से चिल्लाइला पs आस पास के लोग पहुंच के आग पs काबू पावे के कोसिस कइल। आग पs काबू पावत-पावत, सब समान जर के राख हो गइल।

भुलावन सहनी बतवले की खेती बारी के लेके गेंहू के खाद बिया किनके घर में राखल गइल रहे, बोवे खातिर ऊ सब जर के राख हो गइल। बंगरा पंचायत के मुखिया प्रतिनिधि पप्पू सिंह के घटना के जानकारी मिलतही मवका पs पहुंच ममिला के जायजा लेले आ ऊ कहलें कि भुलावन सहनी बहुते गरीब परिवार से आवेले आ ऊ लईकी के बियाह करे खातिर पहिलही से रखले रहस। सब  समान जर के राख हो गइल।

मुखिया प्रतिनिधि पप्पू सिंह कहलें कि हर संभव मदद करे खातिर तइयार बानी। ओहिजा पीड़ित के अंचल कार्यालय में आवेदन देवे के बात कहलें, संगही सरकार से जवन मुआवजा मिली। ओकरा के जल्दिये दिवावे के कोसिस कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]