[the_ad_group id="30365"]

प्रयागराज से चली वंदे भारत, गोरखपुर खातिर बोर्ड के भेजल गईल समय-सारिणी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रयागराज से लखनऊ ले हाई स्पीड ट्रेन वंदे भारत के चलवलें के प्रस्ताव के अगर गोरखपुर ले विस्तारित कइल गइल, त लखनऊ के दूरी 3:50 घंटा में ही तय हो जाई। नार्थ सेंट्रल रेलवे (एनसीआर) एह ट्रेन के प्रयागराज से लखनऊ ले चलवलें के प्रस्ताव रेलवे बोर्ड के भेजले बा। रेलवे बोर्ड पूर्वोत्तर रेलवे से लखनऊ से गोरखपुर तक ट्रेन चलावे खातिर समय सारिणी के सूचना मंगले रहे जेके रेल प्रशासन भेज देहलें बा।

दरअसल, वंदेभारत के चलावे खातिर रेलवे पूरे देश में तैयारी कइलें बा। योजना के मुताबिक 2024 ले 400 ट्रेन चलावे के प्रस्ताव बा। एही क्रम में सब रेलवे जोन से प्रस्ताव मांगल जा रहल बा। एनसीआर एक प्रस्ताव प्रयागराज से लखनऊ ले भेजल गइल बा। रेलवे बोर्ड लखनऊ से गोरखपुर ले ट्रेन के चलावे के संभावना पर मंथन शुरू क देहलें बा। जेकरे बाद बोर्ड पूर्वोत्तर रेलवे से उपलब्धता के ले के समय सारिणी मंगले रहे, जेके बीतल सप्ताह भेज देहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]