[the_ad_group id="30365"]

मुख्यमंत्री योगी आजु करिहें कम्हरिया पूल के लोकार्पण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के आज गोरखपुर में दौरा बा। ऊ दोपहर बाद बेलघाट क्षेत्र के कम्हरिया घाट पर निर्मित पुल के लोकार्पण करिहें। ओकरे बाद गोरखपुर महानगर में भारतीय जनता पार्टी के कार्यक्रम के संबोधित करिहें। मुख्यमंत्री करीब 2:30 कमरिया घाट पहुंचिहें जहां ऊ पूल के लोकार्पण कइलें से पहिले कृषि एवं उद्यान विभाग के स्टाल अउरी पुल के निरीक्षण भी करिहें। फिर समारोह स्थल पर बनल मंच से पूल के लोकार्पण कइला के बाद विभिन्न योजना के लाभार्थियन के सम्मानित करिहें। मुख्यमंत्री के साथ मंच पर जनप्रतिनिधियन के साथ ही कमरिया घाट पुल निर्माण खातिर संघर्ष करे वाले करीब आधा दर्जन लोग भी शामिल होइहें।
सीएम साँझ के करीब 4:00 बजे एमएमयूटी परिसर में बनल हेलीपैड पर पहुंचिहें अउरी सड़क मार्ग से संस्कृति पब्लिक स्कूल रानीडीहा जइहें। उहां भारतीय जनता पार्टी अनुसूचित जनजाति मोर्चा के प्रदेश स्तरीय प्रशिक्षण कार्यक्रम के समापन सत्र को संबोधित करिहें।
जिला प्रशासन सीएम आगमन के ले के तैयारी पूरा क लेहले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]