[the_ad_group id="30365"]

जिला के सूखाग्रस्त घोषित करे खातिर एसडीएम तैयार करें रिपोर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बारिश नाइ होखले से जिला में धान के फसल चौपट हो गइल बा। किसान पंपिंगसेट सहित दूसर साधन से फसल के सिंचाई क रहल बानें एकरे बावजूद, जिला के अधिकांश किसान के फसल सूख गइल बा। एके देखत विभिन्न संगठन के तरफ से कुशीनगर जिला के सूखाग्रस्त घोषित कइलें के मांग कइल जा रहल बा। एके गंभीरता से लेत एडीएम देेेवी दयाल वर्मा जिला के सब एसडीएम के तहसीलवार फसल के जांच कके रिपोर्ट तैयार कइला के निर्देश देहलें बानें। एकरे आधार पर जिला के सूखाग्रस्त घोषित कइल जाई।

सूखा के हालत के देखत रोजाना कौनो ना त कौनो राजनीतिक संगठन डीएम अउरी एसडीएम कार्यालय पर पहुंच के किसान के हित में मांग उठ रहल बा। एके गंभीरता से लेत एडीएम जिला के सब एसडीएम के फसल के सर्वे कsके तहसीलवार रिपोर्ट तैयार कइलें के निर्देश देहलें बानें। एसडीएम से प्राप्त रिपोर्ट के आधार पर जिला के सूखाग्रस्त घोषित कइलें के कार्यवाही कइल जाई।

अइसे मिली मुआवजा

जिला के सूखाग्रस्त घोषित कइला खातिर एसडीएम के अगुवाई में राजस्व टीम से उगावल गईल फसलन के सर्वे करावल जाला। एहमें अगर फसल 33 प्रतिशत से अधिक नुकसान में बा त किसानन के मुआवजा देहल जाई।
जिला के सूखाग्रस्त घोषित कइलें खातिर सर्वे कइलें के निर्देश सब एसडीएम के देहल गइल बा। एकरे आधार पर शासन के रिपोर्ट भेजल जाई।
देवी दयाल वर्मा, एसडीएम
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]