[the_ad_group id="30365"]

India-US: अमेरिका के संगे ‘वज्र प्रहार’ संयुक्त सैन्य अभ्यास आज से, 45 सदस्यीय भारतीय टुकड़ी इडाहो रवाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेरिका के संगे संयुक्त सैन्य अभ्यास ‘वज्र प्रहार’ खातिर भारतीय सेना के 45 सदस्यीय टुकड़ी सुक के इडाहो रवाना भइल। रक्षा मंत्रालय कहलस कि भारत-अमेरिका संयुक्त विशेष बल अभ्यास के ई 15वां संस्करण हs, जवन इडाहो में 2 से 22 नवंबर तक आयोजित होई।

एह अभ्यास के मकसद रेगिस्तान आ अर्ध-रेगिस्तानी वातावरण में संयुक्त विशेष बलन के संचालन आ संयुक्त क्षमता के विकसित कइल बा। ई भारतीय सेना आ अमेरिकी सेना के बीच एह साल के दूसरका अभ्यास होई, एकरा पहिले सितंबर में राजस्थान में ‘युद्ध अभ्यास’ आयोजित कइल गइल रहे। एमे दुनो देसन के ओर से 45-45 कर्मी सामिल होई लो। अभ्यास के पिछला संस्करण दिसंबर 2023 में मेघालय के उमरोई में आयोजित कइल गइल रहे।

‘गरुड़ शक्ति’ अभ्यास खातिर इंडोनेशिया गइल सैन्य टीम

इंडोनेशिया के संगे संयुक्त अभ्यास ‘गरुड़ शक्ति-24’ खातिर भारतीय सेना के 25 सदस्यीय विशेष टुकड़ी सुक के इंडोनेशिया रवाना भइल। एह अभ्यास के मकसद आपसी सैन्य सहजोग के मजबूत कइल बा। रक्षा मंत्रालय के ओर से जारी बयान में कहल गइल कि भारत-इंडोनेशिया संयुक्त विशेष बल अभ्यास ‘गरुड़ शक्ति-24’ के 9वां संस्करण एक नवंबर से 12 नवंबर तक आयोजित कइल जाई। भारतीय दल के प्रतिनिधित्व पैराशूट रेजिमेंट (विशेष बल) के सैनिक कs रहल बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]