[the_ad_group id="30365"]

Uttarkashi Tunnel Collapse: 10 वां दिन सुरंग में पहुंचल एंडोस्कोपिक कैमरा, दिखले भीतर फंसल 41 मजदूर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सुरंग में नौ दिन से फंसल 41 मजदूरन के बचावे के काम आजु दसवाँ दिने जारी बा। टीम के सोमवार के देर सांझ सफलता मिलल अवुरी दूसरा छह इंच के फूड पाइप मजदूर के पहुंचावल गईल। देर शाम के खाए खातिर खिचड़ी आ मोबाइल चार्ज करे खातिर चार्जर एही पाइप से भेजल जात रहे।

बड़कोट छोर से ड्रिलिंग शुरू भइल

बड़कोट छोर से सुरंग में ड्रिलिंग के काम भी शुरू हो गईल बा। एकरा खातिर टीएचडीसी के आठ से दस लोग के टीम पहुंचल बा। एहिजा से दू से ढाई मीटर व्यास के सुरंग तइयार कइल जाई।आज से ऑगर मशीन फेर से तेजी से काम करे लागी।

सीएम धामी कइले बाड़न ट्वीट

सीएम धामी भी ट्वीट कs सुरंग में भेजल जा रहल कैमरा के संबंध में जानकारी देले। उ लिखले कि, ‘पहिला बेर उत्तरकाशी के सिल्क्यारा में बनत सुरंग में फंसल मजदूर के तस्वीर मिलल बा।’ सब मजदूर भाई एकदम सुरक्षित बाड़े, हमनी के पूरा ताकत से कोशिश कs रहल बानी जा कि जल्दी से सुरक्षित बाहर निकालल जाव।

एंडोस्कोपिक कैमरा से दिखले मजदूर

सोमवार के ड्रोन से मजदूर के हालत देखल गईल, लेकिन भीतर धूल के चलते तस्वीर साफ-साफ ना लिहल जा सकल। अब दिल्ली से एंडोस्कोपिक कैमरा मंगावल गइल जवन मंगल का दिने पाइप का माध्यम से पहुंचावल गइल। ए दौरान सुरंग के भीतर फंसल सभ 41 मजदूर कैमरा से देखाई देत रहले। सब केहू सुरक्षित बा।

ई संगठन बचाव के काम में लागल रहले

सेना, एनडीआरएफ, एसडीआरएफ, बीआरओ, एनएचआईडीसीएल, उत्तराखंड पुलिस, एसजेवीएनएल, आरवीएनएल, लार्सन एंड टूब्रो, टीएचडीसी, आपदा प्रबंधन विभाग, जिला प्रशासन, ओएनजीसी, आईटीबीपी, राज्य लोनिवि, डीआरडीओ, परिवहन मंत्रालय, होमगार्ड्स आदि।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]