Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उत्तर प्रदेश के विधान परिषद के चुनाव के आइल रिजल्ट, देखीं पूरा हाल चाल

जानीं के जीतल अउर केके खाए के पडल मुंह के खानी

182

स्थानीय प्राधिकारी निर्वाचन क्षेत्र की 27 विधान परिषद सीट के नतीजा आज  सामने आ रहल बा। मतगणना 27 जिला के मुख्यालय पर कलेक्ट्रेट में बिहाने 8 बजे से जारी बा। रायबरेली सीट पर भाजपा प्रत्याशी अउर राज्य मंत्री स्वतंत्र प्रभार दिनेश प्रताप सिंह जीत गइल बाने। देवरिया-कुशीनगर एमएलसी सीट से सपा प्रत्याशी कफील खान हार गइल बाने। उहवें एह चुनाव में सपा के करारी हार के सामना करे के पड़ल बा

वंदना वर्मा सहारनपुर सीट पर एमएलसी बनली

मुजफ्फरनगर सहारनपुर प्राधिकारी स्थानीय निर्वाचन क्षेत्र के विधान परिषद चुनाव में भाजपा प्रत्याशी वंदना वर्मा विजय घोषित भइल बाड़ी। एह सीट पर भाजपा पहिला बेर जीत हासिल कइले बा। वंदना वर्मा के 3843 मत मिलल। सपा प्रत्याशी आरिफ के 842, निर्दलीय सुशील के 11, प्रमोद आर्य के 18 अउर जाहिद के 6 वोट मिलल बा।

कानपुर-फतेहपुर सीट पर खिलल कमल

कानपुर-फतेहपुर सीट पर भी कमल खिलल बा। इहाँ भाजपा के अविनाश सिंह के 4600 से अधिक वोट मिलल बा, जबकि सपा के दिलीप सिंह कल्लू यादव के बस 250 वोट मिलल बा।

गोरखपुर महराजगंज सीट पर भाजपा के जीत

गोरखपुर महराजगंज सीट पर भारतीय जनता पार्टी के जीत भइल बा। इहाँ भाजपा प्रत्याशी सीपी चंद विजयी घोषित भइल बाने।

बस्ती-सिद्धार्थनगर सीट पर भाजपा के सुभाष के मिलल जीत

बस्ती-सिद्धार्थनगर विधान परिषद चुनाव में भाजपा के जीत मिलल बा। भाजपा के सुभाष यदुवंश के 5267 वोट मिलल बा। उहवें, सपा के संतोष यादव सन्नी के 887 मत मिलल। सुभाष यदुवंश 4280 वोट से जीत दर्ज कइले बाने। भाजपाइ लोग में खुशी की लहर बा।

सीतापुर में सपा के करारी हार

सीतापुर में भी कमल जीतल बा। इहाँ समाजवादी पार्टी को बुरी तरह हार मिलल बा। भाजपा के पवन सिंह जीत दर्ज कइले बाने। 3762 मत पाकर भाजपा प्रत्याशी पवन सिंह एमएलसी पद के चुनाव जीत गइल बाने। सपा प्रत्याशी के बस 61 मत मिलल बा, जबकि 42 मत अवैध पावल गइल।

फैजाबाद सीट पर भाजपा के हरिओम के मीलल जीत

फैज़ाबाद सीट पर भारतीय जनता पार्टी के जीत मिलल बा। इहाँ भाजपा के हरिओम पांडेय 2724 वोट पवने अउर सपा के हीरालाल को 1044 मत मिलल बा।

देवरिया-कुशीनगर एमएलसी सीट से कफील खान हरने

भारतीय जनता पार्टी के प्रत्याशी डॉक्टर रतनपाल सिंह के 4255 वोट मिलल। समाजवादी पार्टी के उम्मीदवार डॉ कफील खान के 1031वोट मिलल।
भारतीय जनता पार्टी के प्रत्याशी डॉ रतन पाल सिंह 3224 मतों से विजयी घोषित।

फर्रुखाबाद एमएलसी सीट पर भाजपा प्रत्याशी प्रांशुदत्त द्विवेदी आगे

फर्रुखाबाद एमएलसी सीट पर वोट की गिनती जारी बा। एमएलसी चुनाव के दूसरा राउंड में भाजपा प्रत्याशी के 1428 वोट मिलल बा, जबकि सपा के प्रत्याशी के 238 मत मिलल। एकरे अलावा निर्दलीय प्रत्याशी नरेंद्र के 07 वोट मिलल। भाजपा प्रत्याशी प्रांशुदत्त द्विवेदी 1190 से आगे चल रहल बाने।

जौनपुर में भाजपा के जीत

जौनपुर में लगातार दूसरका बेर बृजेश सिंह प्रिंसू एमएलसी बने जा रहल बाने। ओनके 3130 मत मिलल बा। पूर्व सांसद धनंजय सिंह के करीबी बृजेश के एह बेर भाजपा प्रत्याशी बनवले रहल। उहवें, सपा के डॉ मनोज कुमार यादव के कुल 772 मत मिलल बा।

मेरठ में भी भाजपा के जीत

मेरठ में भाजपा के धर्मेंद्र भारद्वाज एमएलसी के चुनाव में जीत हासिल कइले बाने। धर्मेंद्र भारद्वाज के 3708 वोट मिलल उहवें कैंसिल वोट की संख्या 119 रहल। जिला में कुल 4040 वोट पड़ल रहे। गठबंधन से सुनील रोहटा के 227 वोट के संगे संतोष करे के पड़ल।

आगरा फिरोजाबाद एमएलसी सीट पर बीजेपी के विजय शिवहरे के बड़हन जीत

भाजपा के विजय शिवहरे 3266 वोट से सपा के दिलीप सिंह के हरा के आगरा फिरोजबाद एलएलसी चुनाव जीत गइल बा। सपा के डॉ दिलीप सिंह के 205 वोट मिलल बा। डीएम प्रभु एन सिंह के मुताबिक भाजपा के कुल 3471 मिलल बा। निर्दलीय हसनूराम अंबेडकरी के 12, प्रवीण कुमार के 30 अउर विमल कुमार के 22 वोट मिलल बा।

रायबरेली में भाजपा प्रत्याशी अउर राज्य मंत्री स्वतंत्र प्रभार दिनेश प्रताप सिंह के मीलल जीत

रायबरेली में भाजपा प्रत्याशी अउर राज्य मंत्री स्वतंत्र प्रभार दिनेश प्रताप सिंह एमएलसी चुनाव में दू हजार से ज्यादा मत से जीत गइल बाने। प्रतिद्वंदी अउर सपा के जिला अध्यक्ष वीरेंद्र यादव के करारी शिकस्त मिलल बा। भाजपा उम्मीदवार दिनेश प्रताप सिंह के विजयी होखले के घोषणा भइल बाकी बा।

बहराइच में भाजपा के प्रज्ञा त्रिपाठी के मीलल जीत

बहराइच में एमएलसी चुनाव में भारतीय जनता पार्टी के प्रत्याशी प्रज्ञा त्रिपाठी जीत दर्ज कइले बाड़ी। सपा प्रत्याशी अमर यादव के भाजपा प्रत्याशी प्रज्ञा त्रिपाठी हरा देहले बाड़ी। प्रज्ञा त्रिपाठी 3188 मत से जीत हासिल कइले बाड़ी।

सीतापुर सीट पर भाजपा प्रत्याशी पवन सिंह के मीलल जीत

सीतापुर सीट पर 3754 मत पा के भाजपा प्रत्याशी पवन सिंह एमएलसी पद के चुनाव जीत गइल बाने। सपा प्रत्याशी के बस 61 मत मीलल बा। निर्दलीय प्रत्याशी के आठ मत, जबकि 42 मत अवैध पावल गइल।

गोंडा-बलरामपुर सीट पर 4401 मतों से भाजपा के अवधेश के मीलल जीत

गोंडा-बलरामपुर सीट पर मतों की गणना पूरा हो गइल बा। भाजपा के अवधेश कुमार सिंह उर्फ मंजू सिंह सपा प्रत्याशी डा. भानु कुमार त्रिपाठी के 4401 मत से पराजित कइले बाड़ी।

सुल्तानपुर-अमेठी विधान परिषद सीट से पांचवां बेर एमएलसी निर्वाचित भइले शैलेंद्र प्रताप सिंह

सुल्तानपुर-अमेठी विधान परिषद सीट से भाजपा के शैलेंद्र प्रताप सिंह विजयी भइल बाने। ऊ सपा प्रत्याशी शिल्पा प्रजापति के बड़ अंतर से पराजित कइले। भाजपा के शैलेन्द्र प्रताप सिंह के 2481 मत मीलल बा, उहवें सपा के शिल्पा प्रजापति के 1119 मत मीलल। शैलेंद्र प्रताप सिंह पांचवां बेर एमएलसी निर्वाचित भइल बाने।

मुरादाबाद-बिजनौर विधान परिषद सीट पर भाजपा के जीत

मुरादाबाद-बिजनौर विधान परिषद सीट पर एमएलसी बीजेपी उम्मीदवार सतपाल सैनी जीत दर्ज कइले बाने।

वाराणसी में निर्दलीय के जीत

वाराणसी में एक बेर फिर से बृजेश सिंह के दबदबा क़ायम रहल। एमएलसी चुनाव में उनकर पत्नी अन्नपूर्णा बड़ अंतर से जीत दर्ज कइले बाड़ी। इहाँ भाजपा के तीसरा स्थान मिलल बा। अंतिम चक्र के मतगणना में सपा के उमेश यादव के 345, भाजपा के डॉ सुदामा पटेल के 170 वोट मीलल। उहें, निर्दलीय अन्न पूर्णा सिंह 4234 वोट हासिल कS के जीत दर्ज कइली। एमें 127 कुल निरस्त मतपत्र मीलल।

रविशंकर सिंह पप्पू के मिलल बड़ जीत, लगातार चौथा बेर बनने एमएलसी

बलिया में एमएलसी चुनाव के मतगणना खतम हो गइल| इहवाँ भाजपा प्रत्याशी रविशंकर सिंह ‘पप्पू’ ने 2259 मत प्राप्त कर लगातार चौथी बेर जीत दर्ज कइले बाने। उहवें, सपा प्रत्याशी अरविन्द गिरी के 278 मत से संतोष करे के पड़ल बा।

अक्षय प्रताप सिंह पांचवी बेर एमएलसी बनने

प्रतापगढ़ में राजा भइया का जलवा कायम बा। अक्षय प्रताप सिंह 5वीं बेर एमएलसी बनल बाने। अक्षय प्रताप सिंह 1106 मत से विजयी भइल बाने। ओनके कुल 1720 मत मिलल।

आजमगढ़ जनपद में निर्दल प्रत्याशी विक्रांत सिंह रिशु मरने बाजी

आजमगढ़ जनपद में निर्दल प्रत्याशी विक्रांत सिंह रिशु भाजपा के अरुण कांत यादव के पटखनी देके एह सीट पर कब्जा जमवने। मतगणना में विक्रांत सिंह रिशु के 4075 मत मीलल। जबकि उनके निकटतम प्रतिद्वंदी भाजपा के अरूण कांत यादव के 1262 अउर सपा के राकेश यादव के 356 मत मिलल।

लखनऊ-उन्नाव एमएलसी सीट पर सपा के सुनील साजन के मिलल करारी हार

लखनऊ-उन्नाव एमएलसी सीट पर भाजपा के रामचंद्र प्रधान भारी मत से जीतल बाने। रामचंद्र प्रधान के 3487 वोट मिलल, सपा के सुनील साजन बुरी तरह से हार गइने।

गाजीपुर में भाजपा प्रत्याशी विशाल सिंह चंचल के भइल जीत

गाजीपुर में भाजपा प्रत्याशी विशाल सिंह ने सपा के मदन सिंह यादव के हराकर जीत दर्ज कइले बाने। मतगणना में विशाल सिंह चंचल के 2422 मत मिलल। जबकि उनके निकटतम प्रतिद्वंदी सपा के मदन सिंह यादव के 632 अउर 43 अवैध मत पड़ल।

झांसी-ललितपुर-जालौन सीट पर भाजपा के रमा निरंजन जितली

विधान परिषद की झांसी-ललितपुर-जालौन सीट पर भाजपा प्रत्याशी रमा निरंजन ने जीत दर्ज कइले बाड़ी। जबकि, दूसरे स्थान पर सपा के श्यामसुंदर सिंह पारीछा रहने।

240840cookie-checkउत्तर प्रदेश के विधान परिषद के चुनाव के आइल रिजल्ट, देखीं पूरा हाल चाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.