[the_ad_group id="30365"]

विधान परिषद की 27 सीट के नतीजा आज, आयोग मतगणना खातिर पूरी कइलस तैयारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्थानीय प्राधिकारी निर्वाचन क्षेत्र के 27 विधान परिषद सीट पर मंगलवार के मतगणना सुबह आठ बजे से शुरू होई। एह सीट पर नौ अप्रैल के चुनाव भइल रहे। मतगणना 27 जिला के मुख्यालय पर कलेक्ट्रेट में होई। एकरे खातिर आयोग अउर पुलिस तैयारी पूरी क लेहले बा।

डीजीपी मुख्यालय के एक अधिकारी बतवनें कि मतदान खातिर जौन केंद्रीय अर्धसैनिक बल यूपी के उपलब्ध करावल गइल रहल ऊ मतगणना ले तैनात रहिहें। सब मतगणना केंद्र पर आब्जर्वर के तैनाती कइल गइल बा। स्थानीय प्राधिकारी निर्वाचन क्षेत्र के 35 निकाय सीट पर 36 सदस्य के चुनाव के प्रक्रिया चार फरवरी के शुरू भइल रहे। लेकिन विधानसभा चुनाव के चलते एह प्रक्रिया के आगे बढ़ा देहल गइल रहल। 25 मार्च ले एह चुनाव खातिर नामांकन जमा करावल गइल। 36 सीट में से 9 पर भाजपा के सदस्य निर्विरोध निर्वाचित घोषित भइल बानें।

एह जिला में होई मतगणना
मुरादाबाद, बरेली, शाहजहांपुर, सीतापुर, लखनऊ, रायबरेली, प्रतापगढ़, सुल्तानपुर, बाराबंकी, बहराइच, गोंडा, अयोध्या, बस्ती, गोरखपुर, देवरिया, आजमगढ़, बलिया, गाजीपुर, जौनपुर, वाराणसी, प्रयागराज, झांसी, फतेहपुर, फर्रुखाबाद, आगरा, मेरठ अउर सहारनपुर।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]