[the_ad_group id="30365"]

CM सिटी गोरखपुर में भाजपा के सीपी चंद के MLC चुनाव में मीलल जीत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में सीएम सिटी में गोरखपुर-महराजगंज एमएलसी सीट के चुनाव की मतगणना समाप्त हो गइल। भाजपा के सीपी चंद चुनाव जीत गइने। सीपी चंद के 4839 वोट मिलल त ऊ सपा के रजनीश यादव के 407 वोट मिलल। 119 वोट रिजेक्ट हो गइल। सीपी चंद के जीत के बाद समर्थक खुशी से झूम उठने अउर ढोल नगाड़ों पर नाचे लगने। एडीएम वित्त राजेश कुमार सिंह बतवने कि भाजपा प्रत्याशी चुनाव जीतल बानें। सीपी चंद 4432 वोट के अंतर से सपा के रजनीश के हरवले बानें।

दरअसल कचहरी क्लब भवन में मंगलवार के बिहाने 8 बजे से प्रत्याशियन अउर उनके प्रति​निधि के मौजूदगी में कड़ी सुरक्षा के बीच मतगणना चल रहल बा। पैरामिलिट्री तैनात रहल त पूरा मतगणना के सीसीटीवी कैमरा से निगरानी अउर वीडियोग्राफी भइल। एह सीट से बस दूइये प्रत्याशी भाजपा से सीपी चंद अउर सपा से रजनीश यादव मैदान में रहने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]