Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Joe Biden: बाइडन देलें जेलेंस्की के झटका, कहलें- यूक्रेन खातिर ना भेजिहें एफ-16 लड़ाकू विमान

एकरा पहिले बाइडन यूक्रेन के 2.5 बिलियन अमेरिकी डॉलर के रक्षा पैकेज देले रहस, काहेकि यूक्रेन रूस के संगे चल रहल संघर्ष में एगो नया चरण के तइयारी कर रहल बा। 

444

अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन सोमार के कहलें कि अमेरिका यूक्रेन के एफ16 लड़ाकू विमान ना भेजी। यूक्रेन के एफ-16 लड़ाकू विमान भेजल जाई कि ना, एह सवाल पs एगो रिपोर्टर के जवाब में बाइडन कहलें, ‘ ना’। दिलचस्प बात ई बा कि अमेरिका तोप आ टैंकन के रूप में यूक्रेन के सैन्य सहायता बढ़ा देले रहे। यूक्रेनी राष्ट्रपति वलोडिमिर जेलेंस्की रूस के खिलाफ अपना युद्ध के प्रयासन के बनावल राखे में मदद खातिर लड़ाकू जेट के मांग कइलें बाङे। बाइडन लगातार कहलें बाड़े कि विमान नइखे मिल सकत, भलही ऊ आउर क्षेत्रन में सहायता देले बाड़ें।

पिछिला हफ्ता बाइडन यूक्रेन के मदद के कइले रहस ऐलान

पिछले हफ्ता बाइडन घोषणा कइलें कि ऊ यूक्रेन के 31 एम1 अब्राम्स टैंक भेजिहें, एकरा बावजूद शीर्ष अमेरिकी अधिकारी लोग कहल कि पहिले भारी कीमत वाला वाहन देस के सेना के खातिर सही नइखे। सीएनएन की रिपोर्ट के अनुसार, व्हाइट हाउस साउथ लॉन में बोलत बाइडन इहो कहलें कि उनका यकीन नइखे कि ऊ यूक्रेन में युद्ध के सुरुआत के एक साल के सालगिरह खातिर अगिला महीना यूरोप के दौरा करिहें कि ना।

एगो अलग सवाल के जवाब में बाइडन कहलें कि ऊ पोलैंड जाये के योजना बना रहल बाड़े, बाकिर ई निश्चित नइखे कि कब जइहें। एकरा पहिले बाइडन यूक्रेन के 2.5 बिलियन अमेरिकी डॉलर के रक्षा पैकेज देले रहस, काहेकि यूक्रेन रूस के संगे चल रहल संघर्ष में एगो नया चरण के तइयारी कर रहल बा। जेलेंस्की अमेरिकी पक्ष से अटूट नेतृत्व खातिर आभार व्यक्त कइलें।

जेलेंस्की बाइडन के जतवलें आभार

ट्विटर पs जेलेंस्की लिखलें, 2.5 बिलियन अमेरिकी डॉलर के एगो आउर मजबूत रक्षा सहायता पैकेज देवे खातिर @POTUS को धन्यवाद। स्ट्राइकर IFV, अतिरिक्त ब्रैडली एपीसी (APCs)आ एवेंजर एयर डिफेंस सिस्टम हमलावर के खिलाफ हमनी के लड़ाई में एगो महत्वपूर्ण मदद बा। अटूट नेतृत्व समर्थन खातिर धन्यवाद!

हालांकि, रक्षा पैकेज में कीव द्वारा अनुरोध कइल गइल युद्धक टैंक नइखे, बाकिर पेंटागन के एगो बयान के अनुसार, 90 स्ट्राइकर बख्तरबंद कर्मियन वाला वाहक, अतिरिक्त 59 ब्रैडली इन्फैंट्री फाइटिंग व्हीकल, एवेंजर एयर डिफेंस सिस्टम आ बड़ आउर छोट हथियार पैकेज में सामिल बा।

मैक्रो आ डच प्रधानमंत्री मार्क रुटे कहलें, यूक्रेन ना मंगलस लड़ाकू विमान

एकरा पहिले सीएनएन के अनुसार, फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रो आ डच प्रधानमंत्री मार्क रुटे कहलें कि ओह लोगन के लड़ाकू जेट खातिर यूक्रेन से कवनो अनुरोध नइखे मिलल। मैक्रो द हेग में एगो संयुक्त संवाददाता सम्मेलन में कहलें कि हमनी के  लगे यूक्रेन से एह तरे के अनुरोध नइखे मिलल। हेग में दुनो नेता फरवरी के अगिला यूरोपीय संघ परिषद तइयार करे खातिर बैठक करत रहे।

446750cookie-checkJoe Biden: बाइडन देलें जेलेंस्की के झटका, कहलें- यूक्रेन खातिर ना भेजिहें एफ-16 लड़ाकू विमान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.