Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Mughal Garden: राष्ट्रपति भवन के बाद DU नॉर्थ कैंपस के मुगल गार्डन के बदलल नाम, गौतम बुद्ध शताब्दी नया पहचान

504

राष्ट्रपति भवन इस्थित मुगल गार्डन के बाद अब दिल्ली विश्वविद्यालय के नॉर्थ कैंपस के मुगल गार्डन के नाम बदलके ‘गौतम बुद्ध शताब्दी’ गार्डन कs दिहल गइल बा। विश्वविद्यालय के एगो अधिकारी सोमार के ई जानकारी देलें। उनका मोताबिक 27 जनवरी के गार्डन के नाम बदलल गइल। नया नामकरण के पीछे यूनिवर्सिटी तर्क देले बा कि एह गार्डन में मुगल डिजाइन नइखे।

एकरा पहिले राष्ट्रपति भवन सनीचर के अपना प्रसिद्ध मुगल गार्डन के नाम बदलके ‘अमृत उद्यान’ कs देले रहे। नाम ना बतावे के शर्त पs विश्वविद्यालय के एगो अधिकारी कहलें कि राष्ट्रपति भवन के संगे नॉर्थ कैंपस के गार्डन के नाम परिवर्तन एगो संजोग रहे आ ई विश्वविद्यालय के अपना उद्यान समिति के संगे लमहर चरचा के बाद निर्णय लिहल गइल।

रजिस्ट्रार विकास गुप्ता 27 जनवरी के एगो अधिसूचना में कहलें दिल्ली विश्वविद्यालय के सक्षम प्राधिकारी एकरा केंद्र में गौतम बुद्ध के प्रतिमा वाला उद्यान के नाम गौतम बुद्ध शताब्दी उद्यान के रूप में रखला के मंजूरी दे देले बाड़े। गौतम बुद्ध के प्रतिमा कम से कम 15 बरिसन से बगइचा में स्थापित बा। अधिकारी कहलें कि उद्यान ना तs मुगलन द्वारा बनावल गइल रहे आ ना एमे मुगल उद्यान के डिजाइने बा।

एगो विशिष्ट मुगल उद्यान फारसी वास्तुशिल्प डिजाइन पs आधारित होला। जेमें नहरन आ फूलन के संगे-संगे फव्वारा आ झरनो होला। संगही मुगल उद्यानन में एगो तालाब, बहत पानी आ दुनो ओर फव्वारन के संगे विशिष्ट डिजाइन होला।

मुगल उद्यानन में फल आ फूल के पेड़ देखल जा सकत बा, जइसन कि ताजमहल आ आउर स्थानन पs देखल जा सकत बा। बाकिर विश्वविद्यालय के गार्डन में एमे से कवनो विशेषता नइखे। नाम बदलला के समय के बारे में पूछल गइला पs, अधिकारी कहलें कि विश्वविद्यालय मार्च में एगो फ्लावर शो के मेजबानी करे जा रहल बा, एहिसे विश्वविद्यालय एकरा पहिले पार्क के नाम बदले के फैसला कइले बा।

446610cookie-checkMughal Garden: राष्ट्रपति भवन के बाद DU नॉर्थ कैंपस के मुगल गार्डन के बदलल नाम, गौतम बुद्ध शताब्दी नया पहचान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.