[the_ad_group id="30365"]

अब कमला हैरिस के ऑफिस पs चलल गोली, अमेरिका में चुनाव भइल हिंसक

कमला हैरिस के ऑफिस पs चलल गोली: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अमेरिका में राष्ट्रपति पद खातिर वोटिंग आवे वाला नवम्बर महीना में होखी. हालांकि मतदान से पहिले अमेरिका में लगातार हिंसा के खबर सामने आ रहल बा. पहिले राष्ट्रपति रहल आ रिपब्लिकन पार्टी के उम्मीदवार डोनाल्ड ट्रंप के हत्या के कोशिश भइल जबकि अब डेमोक्रेट उम्मीदवार कमला हैरिस के चुनाव कार्यालय पs गोलीबारी के खबरो सामने आइल बा. पुलिस एs घटना के पुष्टि कईले बिया।

आधा रात के बाद गोली चलल

पुलिस के जानकारी बा कि एरिजोना में कमला हैरिस के चुनाव प्रचार कार्यालय में कथित तौर पs गोली चलावल गईल बा। आधा रात के बाद कवनो आदमी इs घटना के अंजाम देले बा। टेम्पे पुलिस विभाग न्यूयॉर्क पोस्ट के बतवले बा कि साउथ एवेन्यू आ प्रीस्ट ड्राइव के लगे डेमोक्रेटिक नेशनल कमेटी के प्रचार कार्यालय में गोलीबारी भइल बा.

आफिस में केहू ना रहे

पुलिस के कहनाम बा कि जब गोली चले के समय कार्यालय में केहु मौजूद ना रहे। हालांकि भवन में काम करेवाला लोग अवुरी आसपास के लोग के सुरक्षा के लेके चिंता पैदा भईल बा। अब पुलिस के जासूस मौका पs सबूत जुटावत बाड़े। इलाका में सुरक्षा बढ़ावे खातिर अतिरिक्त उपाय भी कइल गइल बा।

दूसरा बेर गोली चलल 

पुलिस कमला हैरिस के कार्यालय के सामने के खिड़की से गोली चले के संभावना जतवले बिया। एकरा से पहिले 16 सितंबर के भी आधा रात के बाद बीबी गन चाहे पेलेट गन से सामने के खिड़की पs गोली चलल रहे। दुनो घटना में अबे तक केहु के गिरफ्तारी नईखे भईल। सगरी संभावित पहलुअन के जाँच अधिकारियन के तरफ से कइल जा रहल बा.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]