शक्तिशाली भूकंप से झूला के जइसन हिलल जापान, ऊंच लहर के साथे सुनामी के चेतावनी से डरल लोग

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2024

  जापान में आइल तेज भूकंप झूला निहन इमारतन के हिला देले बा। एकरा से जनता में दहशत बनल बा। एह भूकंप के बाद जापानी मौसम विज्ञान एजेंसी मंगल के दिने टोक्यो के दक्खिन में

Share

जापान में शक्तिशाली भूकंप से गिरल घर: फोटो

 

जापान में आइल तेज भूकंप झूला निहन इमारतन के हिला देले बा। एकरा से जनता में दहशत बनल बा। एह भूकंप के बाद जापानी मौसम विज्ञान एजेंसी मंगल के दिने टोक्यो के दक्खिन में मौजूद एह दूरस्थ द्वीप समूह खातिर सुनामी के चेतावनी जारी कइले बिया. दूर के समुद्र तट पs आइल एह भूकंप के चलते कवनो तरह के जान भा संपत्ति के नुकसान के बारे में अबहीं ले कवनो जानकारी नइखे मिलल. हमनी के बता दीं कि जापान मौसम विज्ञान एजेंसी (जेएमए) के मुताबिक, इs भूकंप मंगलवार के सबेरे इजु द्वीप के तटीय इलाका में आईल, जवना के तीव्रता 5.9 नापल गईल।

 

कुछ मिनट बाद इलाका में एक मीटर तक ऊँच लहर के लेके सुनामी के चेतावनी जारी कईल गईल। जेएमए के रिपोर्ट में कहल गइल बा कि हचिजो द्वीप के याएने जिला में करीब 50 सेंटीमीटर के सुनामी के पता चलल बा. एजेंसी के कहना बा कि समुद्र तट पs आइल ई भूकंप टोक्यो से करीब 300 किलोमीटर दक्खिन में हचिजो द्वीप से करीब 180 किलोमीटर दक्खिन में आइल बा. जापान के एनएचके राज्य टेलीविजन चैनल के मुताबिक, हचिजो द्वीप के निवासी के रिपोर्ट बा कि उनुका भूकंप के एहसास ना भईल अवुरी उs लोग खाली सुनामी के चेतावनी सुनले। जापान ‘रिंग ऑफ फायर’ में स्थित बा। ई प्रशांत महासागर के एगो इलाका हवे जहाँ भूकंप के खतरा ढेर होला।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.