UPSC Mains Time Table 2025: संघ लोक सेवा आयोग (UPSC) सिविल सेवा मुख्य परीक्षा 2025 के टाइम टेबल जारी कs देले बा। जे उम्मीदवार प्रारंभिक परीक्षा पास कइले बा, उ अब मुख्य परीक्षा में सामिल होई लो। आयोग के ओर से विस्तृत शेड्यूल आधिकारिक वेबसाइट upsc.gov.in पs जारी कइल गइल बा।
UPSC CSE Mains 2025 Schedule: 22 से 31 अगस्त तक होई एग्जाम
सिविल सेवा मुख्य परीक्षा 22, 23, 24, 30 आ 31 अगस्त 2025 के आयोजित कइल जाई। यूपीएससी सिविल सेवा मुख्य परीक्षा 2025 दु शिफ्ट में आयोजित कइल जाई। पहिला शिफ्ट सबेरे 9:00 बजे से दुपहरिया 12:00 बजे तक होई, जबकि दूसरका शिफ्ट दुपहरिया 2:30 बजे से सांझ 5:30 बजे तक चली।
UPSC CSE Mains 2025 Date-Wise Time Table: सीएसई मुख्य परीक्षा तिथि-वार समय सारणी
तारीख | सबेरे के शिफ्ट | दुपहरिया के शिफ्ट |
---|---|---|
22 अगस्त | पेपर-I: निबंध | कवनो परीक्षा ना |
23 अगस्त | पेपर-II: सामान्य अध्ययन-I | पेपर-III: सामान्य अध्ययन-II |
24 अगस्त | पेपर-IV: सामान्य अध्ययन-III | पेपर-V: सामान्य अध्ययन-IV |
30 अगस्त | पेपर-A: भारतीय भाषा | पेपर-B: अंग्रेजी |
31 अगस्त | पेपर-VI: वैकल्पिक विषय – पेपर 1 | पेपर-VII: वैकल्पिक विषय – पेपर 2 |
अबकी बेर केतना कैंडिडेट देले रहे लो परीक्षा?
एह साल यूपीएससी कुल 979 पद खातिर वैकेंसी जारी कइले रहे। प्रीलिम्स परीक्षा में 10 लाख से जादे उम्मीदवार सामिल भइल लो। मेंस खातिर शॉर्टलिस्ट कैंडिडेट्स के संख्या वैकेंसी से लगभग 12-14 गुना जादे बा। अबकी बेर कुल 14161 उम्मीदवार प्रीलिम्स परीक्षा में सफलता हासिल कइले बा लो।
कितने पदों पर होगी भर्ती?
यूपीएससी सिविल सेवा परीक्षा 2025 के माध्यम से आईएएस, आईपीएस, आईएफएस सहित कुल 979 पदन पs नियुक्ति कइल जाई। ई परीक्षा देस के सबसे प्रतिष्ठित सरकारी नौकरियन में से एगो खातिर होला आ हर साल लाखन उम्मीदवार एमे भाग लेवेला लो।
सेवा | कुल पद |
---|---|
IAS (भारतीय प्रशासनिक सेवा) | 180 |
IFS (विदेश सेवा) | 55 |
IPS (भारतीय पुलिस सेवा) | 150 |
IA&AS (ऑडिट एंड अकाउंट्स) | 28 |
ICAS (सिविल अकाउंट्स सेवा) | 15 |
UPSC Mains 2025: परीक्षा पैटर्न
यूपीएससी सिविल सेवा मुख्य परीक्षा 2025 के पैटर्न दु भाग में विभाजित बा, लिखित परीक्षा आ पर्सनैलिटी टेस्ट (साक्षात्कार)। लिखित परीक्षा में कुल 9 पेपर होई, जेमें से कुछ पेपर क्वालिफाइंग प्रकृति के होई, जबकि बाकि मेरिट निर्धारण खातिर मानल जाई। परीक्षा में उत्तर लिखे के क्षमता, विश्लेषणात्मक सोच आ विषय के गहराई से समझ के मूल्यांकन कइल जाई। हर गलत उत्तर पs एक-तिहाई अंक के नेगेटिव मार्किंगो कइल जाई, जवना से सावधानीपूर्वक उत्तर देहल जरूरी हो जाला। एह परीक्षा में खाली उहे उम्मीदवार सामिल हो सकी लो, जे यूपीएससी प्रीलिम्स 2025 सफलतापूर्वक उत्तीर्ण कइले बा।