Delhi के दु स्कूलन के मिलल बम से उड़ावे के धमकी, ई-मेल से मचल हड़कंप; मवका पs पहुंचल लाे पुलिस अफसर

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 14, 2025

दिल्ली। चाणक्यपुरी इस्थित नेवी स्कूल आ द्वारका के सीआरपीएफ स्कूल के बम से उड़ावे के धमकी मिलला से हड़कंप मच गइल। ईमेल के माध्यम से मिलल धमकी के बादे पुलिस तत्काल मवका पs पहुंचल आ

Share

दिल्ली। चाणक्यपुरी इस्थित नेवी स्कूल आ द्वारका के सीआरपीएफ स्कूल के बम से उड़ावे के धमकी मिलला से हड़कंप मच गइल। ईमेल के माध्यम से मिलल धमकी के बादे पुलिस तत्काल मवका पs पहुंचल आ जांच सुरू कs देलस। बम निरोधक दस्ता के टीम स्कूलन में तलाशी करत बिया। हालांकि, अभी ले कवनो संदिग्ध वस्तु नइखे मिलल। पुलिस ममिला के गंभीरता से जांच करत बिया।

बतावल गइल कि ई-मेल द्वारा धमकी दिहल गइल । मामिला के जानकारी लगतही पुलिस मवका पऽ पहुंचल आ जांच सुरू कs दिहल। बम निरोधक दस्ता के टीम मवका पऽ पहुंचल ।

बता दीं कि अबो तक कवनो संदिग्ध सामान ना मिलल। एकरा पहिले ई-मल के माध्यम से बम से उड़ावे के धमकी मिल चुकल बा।

Read Also: Aaj ka Panchang 14 July 2025: सावन के पहिले सोमार पर बन रहल बा कइयन गो योग, पंचांग से जानीं सुभ मुहूर्त

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.