जम्मू कश्मीर में बड़ हादसा : डोडा के पोंडा में खाई में गिरल टेंपों ट्रेवलर, पांच यात्रियन के मौत, कइयन लोग घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 15, 2025

सेंट्रल डेस्क। जम्मू-कश्मीर में बड़ हादसा भइल बा। इहां एगो टेंपों ट्रेवलर गहिराह खाई में गिर गइल। हादसा में पांच लोगन के मौत हो गइल, जबकि कइयन लोग गाे घायल बा। घायलन के अस्पताल में

Share

सेंट्रल डेस्क। जम्मू-कश्मीर में बड़ हादसा भइल बा। इहां एगो टेंपों ट्रेवलर गहिराह खाई में गिर गइल। हादसा में पांच लोगन के मौत हो गइल, जबकि कइयन लोग गाे घायल बा। घायलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा। पुलिस शवन के कब्जा में लेके जांच सुरू कs देले बिया।

जानकारी के अनुसार, जम्मू-कश्मीर के डोडा जिले के पोंडा इलाका में मंगर के सबेरे एगो दर्दनाक सड़क हादसा भइल। यात्रियन से भरल एगो टेंपों ट्रेवलर अचानक बेकाबू होके गहिराह खाई में जा गिरल। हादसा में पांच यात्रियन के मौत हो गइल, जबकि कइयन गो आउर लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल बा।

Read Also: Gorakhpur News : एशियाई हैंडबॉल चैंपियनशिप में गोरखपुर से चीन जाई लो दुगो खिलाड़ी- जानीं के हs ई दुनो

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.