[the_ad_group id="30365"]

यूपी विधानसभा अध्यक्ष के दावा: छह महीना में बदलल धारणा, एक्को बेर टलल नाइ कार्यवाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के विधानसभा अध्यक्ष सतीश महाना अपने छह महीना के कार्यकाल के उपलब्धि बतवलें। उ कहलें कि एह छह महीना में विधानसभा के ले के परसेप्शन बदलल बा। एह बेर एक्को बेर विधानसभा के कार्यवाही स्थगित नाइ कइल गइल बा। प्रश्नकाल में 20-20  प्रश्न लिहल गइल बा। उ कहलें कि सदन के कार्यवाही ठीक तरह से चलावे में नेता सदन मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अउरी नेता प्रतिपक्ष अखिलेश यादव के भी सहयोग मिलल। सब विधायकन के भी सदन संचालन में सहयोग मिलल।

प्रधानमंत्री मोदी देहले रहने टिप्स

एह दौरान विधानसभा अध्यक्ष कहलें कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी हमके काम करे के टिप्स दिहले रहनें। उनके अनुसार काम क के नया परम्परा शुरू कइले। गुजरात, कर्नाटक, महाराष्ट्र भी हमनी के अनुसरण कइले बानें। आगे विधानसभा संचालन नियमावली के सरलीकरण कइल जाइ| महिला सदस्यन के सत्र के बुकलेट प्रकाशित करावल जाई। ओके सब विधानसभा अउर लोकसभा में भेजल जाई।

उ बतवलें कि डॉक्टर, महिला, पहिला बेर निर्वाचित सदस्य, प्रोफेशनल अउर वरिष्ठ विधायकन के ग्रुप बना के उनसे बात कइली। जौन कि नयका परंपरा रहल। 170 सदस्य से बात क चुकल बानी। वकील, शिक्षक अउर विधायकन के ग्रुप भी बनी। उ बतवलें कि हमनीके  विधानसभा लॉबी में विधायकन के सुतले व्यवस्था समाप्त कइले बानीं जा| लॉबी में कॉफी मशीन लगावल गइल बा।

विधायकन के ग्रुप बना के उद्योगपतियन के लग्गे भेजल जाई

विधानसभा अध्यक्ष कहलें कि प्रदेश के अर्थव्यवस्था के 10 खरब डॉलर के बनावे खातिर काम क रहल बानें| विधायकन के ग्रुप बना के उद्योगपतियन के पास भेजल जाई। विधायक उनके निवेश खातिर आमंत्रित करिहें। उ बतवले कि 15 दिसम्बर 2022 के विधानसभा  भवन के स्थापना के 100 साल पूरा हो जाई|
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]