[the_ad_group id="30365"]

दिग्विजय सिंह लिहलें नामांकन फॉर्म, कहलें- बिहान दाखिल करब, मध्यप्रदेश के 10 विधायक जइहें दिल्ली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के सियासी घटनाक्रम के बाद कांग्रेस अध्यक्ष पद के चुनाव दिलचस्प हो गइल। बियफ़े के मध्यप्रदेश के मुख्यमंत्री दिग्विजय सिंह  नामांकन फार्म लिहलें। दिग्विजय सिंह मीडिया से बातचीत में कहलें कि उ आपन नामांकन फॉर्म लेवे आइल बानें अउरी संभवत: बिहान(शुक्क) के आपन नामांकन फॉर्म दाखिल करिहें। एकरे पहिले मध्यप्रदेश के नेता प्रतिपक्ष अउर पूर्व मंत्री डॉ. गोविंद सिंह कहलें कि उ दिग्विजय सिंह के प्रस्तावक बने खातिर दिल्ली जइहें। मध्यप्रदेश से 10 विधायक दिल्ली जइहें।
डॉ. गोविंद सिंह के अनुसार कांग्रेस प्रदेश अध्यक्ष उन के विधायकन के संगे दिल्ली जाए के कहले बानें। बियफ़े साँझ ले विधायक दिल्ली पहुंच जइहें। गोविंद सिंह दिग्विजय सिंह के अध्यक्ष बनले पर कहलें कि उनकर अध्यक्ष बनल निम्मन निर्णय होई। उ कई पद पर काम कs चुकल बानें। उनके अनुभव के लाभ कांग्रेस के मिली। डॉ. गोविंद सिंह के संगे विधायक अउरी पूर्व मंत्री जीतू पटवारी, आरिफ मसूद, सचिन यादव, पीसी शर्मा समेत अन्य विधायकन के दिल्ली जाए के बात करत रहलें।
दिग्विजय सिंह मध्यप्रदेश के 10 साल मुख्यमंत्री रहलें। उनके लग्गे ऑल इंडिया कांग्रेस के महासचिव रहत कई राज्यन के प्रभार भी रहल। एहमें असम, महाराष्ट्र, कर्नाटक, राजस्थान, उत्तर प्रदेश, गोवा अउर बिहार शामिल हवे। एहमें कई जगह उनके समय सरकार बनल त कहीं कांग्रेस के वोट प्रतिशत बढ़ल। अभिन राहुल गांधी के भारत जोड़ो यात्रा के प्लानिंग दिग्विजय सिंह ही कइले हवें। जेके भारी समर्थन मिल रहल बा
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]