[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान राजनीति: गहलोत के मंत्री देहलें धमकी, कहलें- विरोधी कैंप से केहू बनल सीएम त सब विधायक दे दीहें इस्तीफा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान में कांग्रेस हाईकमान संकट के खत्म करे खातिर जेतना प्रयास क रहल बा, ओतने समस्या बढ़त दिख रहल बा। एक ओर सोनिया गांधी से दिल्ली में अशोक गहलोत के मीटिंग चल रहल बा त उहवें जयपुर में हलचल तेज हो गइल बा।

अशोक गहलोत गुट के विधायक गोविंद राम मेघवाल  अब धमकी देहले बानें कि अगर दूसरे गुट के नेता सीएम बनावल गइलें त हमनी के सब विधायक इस्तीफा दे दीहे। उ इशारा में सचिन पायलट पर हमला बोलत कहलें, कि अइसन पहिला बेर भइल रहल। जब पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष रहल शख्स दूसरे दल के साथ मिलकर सरकार बनावे के कोशिश कइले रहल।

बता देईं कि अशोक गहलोत 10 जनपथ पहुंच गइल बानें। ऊ उहां सोनिया गांधी से मुलाकात करिहें। केसी वेणुगोपाल भी 10 जनपथ पहुंचल बानें। अशोक गहलोत के बाद सचिन पायलट भी सोनिया गांधी से आजु मुलाकात करिहें।

‘पायलट के मुख्यमंत्री नाइ बने देहल जाई’

गहलोत सरकार के चिकित्सा मंत्री परसादी लाल मीणा एक बेर फिर सचिन पायलट पर हमला बोलले बानें। उ कहलें, जौन व्यक्ति बीजेपी अउरी अमित शाह के ऑफिस अउरी घर में जा के बइठल होखें, जेकरे लग्गे हरियाणा पुलिस के पहरा रहे। हमनीके ओके सीएम बर्दाश्त नाइ क सकsतनी। जनता हमनीके छोड़ी नाइ अउरी हमनीके अगिला चुनाव नाइ जीत पावल जाई।

उ कहलें कि सचिन पायलट के मुख्यमंत्री बनावल गइल त पंजाब जइसन हालात हो जाई। अइसन मुख्यमंत्री से नीक बा कि हमनीके एक साल पहिले चुनाव लड़ लीं जा। उ कहलें, इस्तीफा दे के एक साल पहिले चुनाव लड़ल मंजूर बा, लेकिन जौन व्यक्ति के अमित शाह पैरवी कइले होखें, ओके मुख्यमंत्री के रूप में स्वीकार नाइ कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]