[the_ad_group id="30365"]

कांग्रेस विधायक प्रीतम सिंह के बड़ बयान: गुटबाजी के आरोप से आहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्वयं पर लग रहल गुटबाजी के आरोप से आहत कांग्रेस विधायक प्रीतम सिंह बड़ बयान देहले बाने। ऊ कहने कि अगर विधानसभा में पार्टी गुटबाजी के कारण हारल बा त केंद्रीय नेतृत्व जांच कराए। ऊ कहने कि जांच में अगर दोषी पावल जातनी त हमके विधायक पद से इस्तीफा दे देवे चाहीं। बतौर प्रीतम हमरे लग्गे विकल्प बा। चकराता के जनता हमके चुनके भेजले बा। हम उनके विधायक के रूप में काम कs रहल बानी।

बता देई, सोमवार के कांग्रेस के कद्दावर नेता अउर विधायक प्रीतम ई बयान देहने। एसे पहिले ऊ रविवार देर सीएम पुष्कर सिंह धामी से मिलल रहने। राजनीतिक अउर सार्वजनिक जीवन में रहे वाले लोग कब्बो अपनों से त कब्बो विरोधियन से मिलत रहेने। लेकिन कुछ मुलाकात के टाइमिंग अइसन होला जेसे फिजा में तरह-तरह के सवाल तैरे लागsला, अउर ओकर मायना तलाश कइल जाए लागsला|

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]