[the_ad_group id="30365"]

UP News: इलेक्ट्रिकल इंजीनियरिंग में टॉपर रहल IAS मनीष बंसल, बनावल गइलें सहारनपुर के डीएम, रोहित सजवाण बनलें एसएसपी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Saharanpur News: मंगर के साँझि खा सहारनपुर के जिलाधिकारी डा. दिनेश चंद्र आ एसएसपी विपिन ताडा के तबादला कऽ दिहल गइल बा । डीएम के 13 माह बादे ट्रांसफर कर दिहल गइल बाकिर एसएसपी 23 महीने 22 दिन जनपद में रहलें। एसएसपी अपना कार्यकाल के कई गो बड़ घटना के राजफाश कइलें ओहिजा डीएम के खाता में कई गो बड़ काम बा। एसएसपी विपिन ताड़ा के मेरठ के एसएसपी बनावल गइल बा।

शासन स्तर से लोकसभा चुनाव के बाद अधिकारियन के ट्रांसफर शुरू हो गइल बा। सहारनपुर जिलाधिकारी डा. दिनेश चंद्र 20 मई 2023 के चार्ज समहरले रहलें। एकरा पहिले दिनेश चंद्र सहारनपुर में एसडीएम, सिटी मजिस्ट्रेट, एडीएमो रह चुकल बाड़े।

डीएम के चार्ज लेते सम्राट मिहिरभोज के प्रतिमा के लेके राजपूत आ गुर्जर समाज के बीच तनातनी के माहौल हो गइल रहे। जनपद में नैपियर घास आ आयुष्मान कार्ड बनावे में डीएम रिकॉर्ड बनवले बाड़न।एह मामला के दुनु अधिकारी ठीक से समहार लेले रहलें।

एही तरह एसएसपी दो जुलाई 2022 के सहारनपुर जनपद के कार्यभार समहरले रहलें। दुनु अधिकारी लोकसभा चुनाव के शांतिपूर्ण तरीका से संपन्न करवलस। एसएसपी कानून व्यवस्था के बेहतर बनावे खातिर सहारनपुर में कई गो नया चौकि बनववलें। एकरा अलावा होमगार्ड आ उनकर पत्नी के हत्या के खुलऽसो कम समय में कइले रहलें। ई हत्याकांड काफी सुर्खियन में रहल रहे। भ्रष्टाचार पs वार करत एसएसपी कई गो पुलिसकर्मियन पs ताबड़तोड़ कार्रवाइयो कइलें।

मनीष नया डीएम, आ रोहित बनलें एसएसपी

संभल जिला के डीएम मनीष बंसल के सहारनपुर के नया जिलाधिकारी बनावल गइल बा। मनीष बंसल संभल में 40 साल से सूखी नदी पुनर्जीवित कइले बाड़न, मन के बात में खुद प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी एह प्रयास के सराहना करत घरी संभल के प्रयास के बड़ाई कइले रहलें।

इनकर दूसरका उपलब्धि गुन्नौर क्षेत्र के डेढ़ दर्जन सरकारी स्कूलन में रोबोटिक्स प्रयोगशाला के निर्माण करावल रहल। आईआईटी दिल्ली से इलेक्ट्रिकल इंजीनियरिंग में टॉपर रहल मनीष बंसल ई काम अपना कुछ इंजीनियर दोस्तन के मदद से कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]