[the_ad_group id="30365"]

हाईटेक होई गोपालगंज ट्रैफिक पुलिस, एसपी 3 अत्याधुनिक वाहनन के देखवलें हरियर झंडा 1KM दूर से हाई स्पीड वाहनन के कटी चालान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज में यातायात बेवस्था के सुधारे आ सड़क हादसन में घायल लोगन के मदद खातिर पुलिस मुख्यालय से तीन गो हाईटेक वाहन मिलल बा। एह वाहनन के उपयोग ओवरस्पीडिंग करे वाला वाहनन पs जुर्माना लगावे आ सड़क हादसन में घायलन के अस्पताल पहुंचावे में कारगर साबित होई। वाहन में लागल स्पीडगन ओवरस्पीडिंग वाहनन के चलावे वाला वाहनन के तस्वीर कैद कs सकी लो।

संगही ई सिस्टम वाहनन के नम्बर प्लेट के स्कैन कs सकी आ ओकर ऑटोमेटिक चलान काट के वाहन के ऑनर के लगे मैसेज भेज दी। एकरा आलावे एह वाहनन में प्राथमिक चिकित्सा किटो बा ताकि हादसा में घायलन के प्राथमिक उपचार दिहल जा सकीं आ घायल व्यक्तियन के तत्काल उठाके नजदीकी स्वास्थ्य केन्द्र में भर्ती करावल जाई।

यातायात नियमन के पालन करी लोग

मानल जात बा कि एकरा वजह से लोग यातायात नियमन के पालन करे में जादे सतर्क रही, जवना से सड़क हादसन में कमी आई। ओवरस्पीडिंग करे वाला वाहनन पs तुरंत जुर्माना लगावल जा सकी, जवना से राजस्व में बढ़न्ती होई, जवन गोपालगंज पुलिस खातिर एगो बड़ उपलब्धि होई आ एकरा से यातायात बेवस्था में सुधार होई।

पुलिस अधीक्षक स्वर्ण प्रभात बतवलें कि यातायात बेवस्था के सुदृढ़ बनावे खातिर पुलिस मुख्यालय के ओर से गोपलगंज पुलिस के तीन गो अत्याधुनिक वाहनन के उपलब्ध करावल गइल बा। जेमे एगो वाहन हाईवे पेट्रोलिंग खातिर दिहल गइल बा, जवना के ऊपर स्पीडगन लगावल गइल बा, ताकि नेशनल हाईवे पs स्पीड वाहन चलावे वाला वाहनन पs लगाम लगावे खातिर इस्तेमाल कइल जाई।

ऊ कहलें कि ओइसन गाडी जवन गति सीमा के क्रॉस कs रहल बिया ओकरा के सावधान कइल जा रहल बा कि गति सीमा के पालन करीं तs एह अत्याधुनिक गाड़ी कारण राउर चालान काटल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]