[the_ad_group id="30365"]

छपरा में गड़बड़ी आ शिकायत के बाद थानाध्यक्ष लाइन हाजिर, एसपी कइलें कार्रवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण पुलिस में बड़ फेरबदल भइल बा। एकरा के लेके एसपी कुमार आशीष पत्र जारी करत जानकारी देत बतवलें कि इहां सात गो थानाध्यक्ष के छुट्टी कs के लाइन हाजिर करत पुलिस केंद्र में सेवा देवे के आदेस दिहल गइल बा। ई पुलिस महकमा में चरचा के विषय बनल बा।

सारण पुलिस खातिर एक संगे सात थानाध्यक्षन के हटावल बड़ कार्रवाई मानल जा रहल बा। एसपी कुमार आशीष के छपरा में पद स्थापना के बाद ई पहिला कार्रवाई हs। एसपी पिछिला कुछ दिनन में सारण जिला के सब थाना के औचक निरीक्षण कइले रहस। एमे गड़बड़ी आ शिकायत मिलला के बाद कार्रवाई के आसार जतावल जात रहे। संगही कइयन गो थानाध्यक्ष के एसपी कारण बताओ नोटिस जारी कइले रहस।

एसपी कुमार आशीष जारी कइले पत्र

एसपी कुमार आशीष पत्र जारी करत बतवलें कि जिला के कइयन गो थाना क्षेत्रन में विधि-व्यवस्था संधारण आ अपराध नियंत्रण में विफलता के संगही कइयन गो आउर तरे के शिकायत मिलला के बाद बाहर बेहतर विधि बेवस्था संधारण, अपराध नियंत्रण आ बेहतर प्रशासनिक सुगमता खातिर पुलिस उप महानिरीक्षक, सारण क्षेत्र छपरा से प्राप्त अनुमोदन के आधार पs सारण जिला के थानाध्यक्ष आ पुलिस पदाधिकारियन के नया जगह पदस्थापित कइल गइल बा।

सब अधिकारी तुरंत आपन नव पदस्थापन स्थल पs जोगदान कs के प्रति समर्पित करी लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]