[the_ad_group id="30365"]

यूपी नीट पीजी के फेर से सुरू भइल काउंसलिंग प्रक्रिया, जानी का-का लागी डाक्यूमेंट्स

NEET PG
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर प्रदेश के मेडिकल एजुकेशन एंड ट्रेनिंग निदेशालय फेर से पहिला चरण के रजिस्ट्रेशन खातीर नीट पीजी काउंसलिंग के प्रक्रिया शुरू कs देले बा। जे उम्मीदवार एह प्रक्रिया में भाग ना ​​ले पवले अब 4 नवंबर 2024 ले आधिकारिक वेबसाइट पs जाके आवेदन कs सकतारे। ध्यान रहे कि पहिले आवेदन जमा करे के आखिरी तारीख 30 सितंबर रहे।

पात्रता का बा?

*नीट पीजी 2024 भा नीट एमडीएस 2024 में हाजिर भइल आ योग्य घोषित भइल उम्मीदवार एह काउंसलिंग प्रक्रिया में भाग ले सकेलें.

*नीट एमडीएस 2024 काउंसलिंग में भाग लेवे के पात्र सिर्फ उहे उम्मीदवार बाड़े, जेकर इंटर्नशिप 30 जून 2024 ले पूरा हो जाई।

*नीट पीजी 2024 (एमडी/एमएस/डिप्लोमा/डीएनबी) काउंसलिंग में भाग लेवे के पात्र सिर्फ उहे उम्मीदवार बाड़े, जेकर इंटर्नशिप 15 अगस्त 2024 ले पूरा हो जाई।

*सरकारी संस्थानन में स्नातकोत्तर पाठ्यक्रम में राज्य कोटा सीट खातिर अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय, बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय, एम्स रायबरेली आ एम्स गोरखपुर के छोड़ के उत्तर प्रदेश के मेडिकल/डेंटल कॉलेजन से एमबीबीएस/बीडीएस पास कइले उम्मीदवार काउंसलिंग के पात्र बाड़े.

आवेदन कईसे कईल जाला

*सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट upneet.gov.in पs जाईं.

*एकरा बाद “UP NEET PG Counseling 2024 Registration Round 1” खातिर लिंक चुनीं।

*अब आपन क्रेडेंशियल के इस्तेमाल करत लॉग इन करीं.

*फेर अब कवनो कोर्स चुनीं, आपन रोल नंबर आ जन्म तिथि डाल के सबमिट करीं.

*एकरा बाद जरुरी दस्तावेज अपलोड कs के जमा कs दीं.

*अंत में भविष्य के देखत पन्ना के प्रिंट करीं

*काउंसलिंग खातिर जरूरी दस्तावेज

परामर्श प्रक्रिया में भाग लेवे खातिर उम्मीदवार के निम्नलिखित दस्तावेज ले आवे के होई:

अलॉटमेंट लेटर के कॉपी

नीट पीजी एडमिट कार्ड

नीट पीजी आ नीट एमडीएस स्कोरकार्ड

कक्षा 12 के मार्कशीट आ सर्टिफिकेट

सभ एमबीबीएस परीक्षा के मार्कशीट

एमबीबीएस डिग्री सर्टिफिकेट

अनिवार्य रोटेटरी इंटर्नशिप पूरा होले के सर्टिफिकेट

परमानेंट रजिस्ट्रेशन सर्टीफिकेट (राज्य चिकित्सा परिषद, एमसीआई, आ डीसीआई)

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]