[the_ad_group id="30365"]

दीपावली पs यूपी बिहार समेत एह राज्यन में कई दिन ले स्कूल रहीं बंद

स्कूल बंद: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

दीपावली के त्योहार नजदीक आ गईल बा। एह त्योहार से सभे उत्साहित बा, दिवाली एह साल 31 अक्टूबर के मनावल जा रहल बा। अलग-अलग राज्य में स्कूल, कॉलेज अवुरी कार्यालय अलग-अलग समय अवधि खातीर बंद बा। एक नवम्बर से कुछ शैक्षणिक संस्थानन में कक्षा फेर से शुरू हो जाई बाकिर बहुते राज्यन में छुट्टी बढ़ा के गोवर्धन पूजा आ भाई दूज जइसन त्योहारन के शामिल कइल जा सकेला, जेहसे कि सभे एह परब के पूरा आनंद ले सके. इहाँ हम ओह राज्यन के लिस्ट देले बानी जहाँ दीपावली के दिन कई दिन तक स्कूल बंद रही।

दिल्ली

राजधानी दिल्ली के सगरी शैक्षणिक संस्थान 31 अक्टूबर के बंद रहीहें. 1 नवम्बर के कवनो छुट्टी ना होई। एकरा अलावे 2 नवंबर के गोवर्धन पूजा अवुरी 3 नवंबर के भाई दूज खातीर वैकल्पिक छुट्टी होई।

छत्तीसगढ़

छत्तीसगढ़ राज्य के सगरी सरकारी आ गैर-अनुदान प्राप्त कॉलेज 28 अक्टूबर से 02 नवम्बर ले कुल 6 दिन खातिर बंद कs दिहल गइल बा. बाकिर बच्चा 8 दिन ले छुट्टी के आनंद ले सकतारे। कारण इ बा कि 27 अक्टूबर के अतवार आ 3 नवम्बर के भी अतवार बा।

उत्तर प्रदेश 

उत्तर प्रदेश सरकार 31 अक्टूबर के दिवाली के त्योहार खातिर छुट्टी घोषित कs दिहलस। एकरा के बाद 2 नवम्बर के गोवर्धन पूजा आ 3 नवम्बर के भाई दूज मनावल रहे। एकरा चलते सरकार आधिकारिक तौर पs 31 अक्टूबर, 2 नवंबर अवुरी 3 नवंबर के स्कूल के छुट्टी घोषित कs देलस। हालांकि एक नवम्बर के छुट्टी घोषित कs दिहल गईल बा, बाकिर अधिकांश स्कूल बुध (31 अक्टूबर) से बीयफ़ें (3 नवंबर) ले छुट्टी बढ़ावे के फैसला कईले बाड़े।

उत्तराखंड

एकरा संगे उत्तराखंड में स्कूल के छुट्टी स्कूल के हिसाब से अलग-अलग हो सकता। शैक्षणिक कैलेंडर के मुताबिक उत्तराखंड के स्कूल में एs साल 31 अक्टूबर अवुरी 1 नवंबर के छुट्टी होई, ओकरा बाद 2 नवंबर के गोवर्धन पूजा होई।

बिहार

बिहार सरकार दिवाली यानी 31 अक्टूबर के मात्र 1 दिन के छुट्टी खातिर स्कूल बंद कs देले बिया, अवुरी छठ पूजा खातीर छुट्टी के घोषणा भी कईले बिया जवन 5 नवंबर के मनावल जाई, बाकिर इs त्योहार कुछ दिन ले चलेला। चुकी इs त्योहार बिहार में मुख्य रूप से मनावल जाला एहसे अधिकांश स्कूल में 6 नवंबर से 9 नवंबर ले छुट्टी घोषित कs दिहल गईल बा।

तमिलनाडु

तमिलनाडु सरकार दिवाली के 2 दिन के छुट्टी घोषित कs देले बिया। 31 अक्टूबर आ 1 नवंबर के सरकारी कार्यालय, राज्य के सार्वजनिक उपक्रम, स्कूल आ कॉलेज बंद रही.

कर्नाटक

कर्नाटक सरकार 31 अक्टूबर आ 1 नवम्बर के दू दिन के छुट्टी भी देले बिया। 1 नवम्बर के छुट्टी कर्नाटक राज्योत्सव (कन्नड़ राज्योत्सव), कर्नाटक स्थापना दिवस मनावे खातिर दिहल जाला।

ओडिशा

ओडिशा में छुट्टी के दिन स्कूल के हिसाब से अलग-अलग होई। विभिन्न स्कूलन में 31 अक्टूबर से 2 नवंबर ले छुट्टी घोषित कs दिहल गइल बा. एकरा संगे कुछ स्कूल दिवाली खातीर 31 अक्टूबर के मात्र एक दिन के छुट्टी के घोषणा कईले बाड़े।

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]