[the_ad_group id="30365"]

UP IAS Transfer List: यूपी में फेरु चलल तबादला एक्सप्रेस, महाराजगंज समेत एह जिलन के DM बदलले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी आईएएस ट्रांसफर लिस्ट : उत्तर प्रदेश में एक बेर फेरु ट्रांसफर एक्सप्रेस शुरू हो गईल बा। योगी सरकार शनिचर के दिने बाराबंकी समेत कई जिला के डीएम आ सीडीओ के तबादला कs दिहलस। तबादला भईल अधिकारी में सत्येन्द्र कुमार, अनुनय झा अवुरी प्रवीण वर्मा भी शामिल बाड़े।

केकरा के जिम्मेवारी कहाँ के मिलल?
2013 बैच के आईएएस सत्येन्द्र कुमार के महाराजगंज से हटा के बाराबंकी के जिला मजिस्ट्रेट बनावल गइल बा। एकरी  अलावा नगर आयुक्त मथुरा 2015 बैच आईएएस अनुनय झा के महाराजगंज के जिला मजिस्ट्रेट बनावल गइल बा।  बलिया के सीडीओ आईएएस प्रवीण वर्मा के बुंदेलखंड औद्योगिक विकास प्राधिकरण के सीईओ बनावल गइल बा।


2011 बैच के आईएएस रविंद्र कुमार-द्वितीय झांसी के डीएम पद से हटा के बरेली के जिला मजिस्ट्रेट के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।2013 बैच के अविनाश कुमार के बाराबंकी डीएम के पद से हटा के झांसी के जिला मजिस्ट्रेट बनावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]