[the_ad_group id="30365"]

NIA के खालिस्तानी नेटवर्क पs एक्शन; पीलीभीत, लखीमपुर, अलीगढ़ समेत 4 जिलन में रेड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेशनल इंवेस्टिगेशन एजेंसी (NIA) खालिस्तानी टेरर नेटवर्क पs बड़ कार्रवाई कइलस। उत्तर प्रदेश, हरियाणा, राजस्थान, पंजाब आ दिल्ली-एनसीआर में एक संगे रेड मारल जा रहल बा। एनआईए के ई छापेमारी 5 राज्यन में 50 से जादे जगहन पs चल रहल बा।

सूत्रन के मोताबिक, यूपी में 4 जिलन पीलीभीत, लखीमपुर खीरी आ अलीगढ़ में एनआईए छापेमारी कइले बा। दरअसल, बतावल जा रहल बा कि पंजाब, हरियाणा जइसन राज्यन में छिपके बइठल गैंगस्टर्स के संबंध खालिस्तानी आतंकियन संगे होखला के सबूत मिलल बा। खालिस्तानी आतंकियन के गैंगेस्टर्स के माध्यम से हथियार मिले के बात सामने आ रहल बा। फिलहाल, NIA के तरफ से एह रेड के बारे में कवनो अधिकृत जानकारी नइखे दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]